किराया के महतारी बने खाती ऐश्वर्या, अनुष्का अवुरी परिणीति के नाम के चर्चा

TBH Entertainment

अनुष्का शर्मा, परिणीति चोपड़ा आ ऐश्वर्या राय बच्चन

अनुष्का शर्मा, परिणीति चोपड़ा आ ऐश्वर्या राय बच्चन

बॉलीवुड में ज़ोर-शोर से चर्चा बा कि जवना काम खाती अनुष्का शर्मा ना कह देली, अब उहे काम ऐश्वर्या राय बच्चन करीहे। हालांकि अनुष्का के प्रवक्ता के कहनाम बा कि उनुका लगे सरोगेट माँ (कोख किराया प देवे वाली महतारी) के काम करे के प्रस्ताव कबहूँ नईखे आईल। जब प्रस्ताव नईखे आईल त ना कहे के सवाल कहाँ उठता।

लेकिन ए सफाई के बावजूद अंदाज़ाबयानी के बाज़ार गरम बा। बॉलीवुड में ऐश्वर्या राय, अनुष्का शर्मा से लेके परिणीति चोपड़ा तक के नाम के चर्चा होखता। कहल त इहाँ तक जाता कि ऐश्वर्या राय अवुरी परिणीति चोपड़ा से सरोगेट माँ बने खाती बातचीत चलता आ अभी तक के बातचीत में सबकुछ सही दिशा में बाटे अवुरी एही दुनो में से केहु एक के इ मौका मिली।

हैरान होखला के जरूरत नईखे, समूचा मामला एगो फिल्म से जुडल बा अवुरी ए फिल्म के केंद्र में एगो अयीसन महिला बिया जवन खुद त माँ नईखे बनल चाहत लेकिन एगो खास परिस्थिति में आपन कोख किराया प देवे खाती तैयार हो जातिया।

फिल्म के निर्देशक श्री नारायण सिंह कहले कि "हमनी के 'जैसमिन' (फिल्म) खाती ऐश्वर्या राय बच्चन से बातचीत होखता, लेकिन अभी कुछ तय नईखे भईल। फिल्म खाती टीम के चुनाव बहुत रचनात्मक प्रक्रिया होखेला आ एकरा में जल्दबाज़ी नईखे हो सकत। जसही सभ तय होई घोषणा क दिहल जाई।"

एकरा से पहिले जब अनुष्का शर्मा के नाम चर्चा में आईल त फिल्म के निर्माता प्रेरणा अरोड़ा तमाम खबर के खंडन कईले रहली अवुरी कहले रहली कि, "अनुष्का आज के समय के एगो बेहतरीन कलाकार बाड़ी। सभ निर्माता उनुका के अपना फिल्म में लिहल चहेला।"

उ कहली कि "हमनी के पहिलहू कहले बानी कि अनुष्का संगे 'जैसमिन' में काम कईल एगो शानदार अनुभव रहीत, लेकिन हम साफ कईल चाहतानी कि हमनी के 'जैसमिन' खाती कबहूँ अनुष्का से संपर्क नईखी कईले। ए विषय में जतना अफवाह बा उ सभ झूठा बा।"

Jasmine
जैसमिन के कहानी गुजरात के रहेवाली एगो महिला के असली जिंदगी से प्रेरित बिया। इ महिला खुद बच्चा ना चाहत रहली लेकिन दोसरा खाती सरोगेट माँ (किराया के महतारी) बने खाती तैयार हो गइल रहली। महिला के अपना कोख से जन्म लेवे बच्चा से लगाव हो जाता अवुरी उ ए बच्चा के वापस मांगे लागतिया।

अक्षय कुमार के 'टॉयलेट: एक प्रेमकथा' के मशहूर भईल श्री नारायण सिंह के निर्देशन में बनेवाली 'जैसमिन' सरोगेसी (किराया के कोख) प केन्द्रित बिया।

श्री नारायण सिंह ए फिल्म के बारे में बतवले कि, "फिल्म के कहानी गुजरात के रहेवाली एगो महिला के असली जिंदगी से प्रेरित बिया। इ महिला खुद बच्चा ना चाहत रहली लेकिन दोसरा खाती सरोगेट माँ (किराया के महतारी) बने खाती तैयार हो गइल रहली। महिला के अपना कोख से जन्म लेवे बच्चा से लगाव हो जाता अवुरी उ ए बच्चा के वापस मांगे लागतिया।"

एही बीच 'द टाइम्स ऑफ इंडिया' के एगो खबर के मुताबिक ऐश्वर्या राय बच्चन 'जैसमिन' में सरोगेट माँ के भूमिका निभावे से माना क देले बाड़ी। रिपोर्ट में कहल गईल कि फिल्म के प्रचार खाती उनुका नाम से इस्तेमाल कईला से दुखी बाड़ी अवुरी एही चलते उ ए फिल्म में काम करे से माना क देले बाड़ी।

सूत्र बतावतारे कि ऐश्वर्या जहां बिना कुछ तय भईले अपना नाम के इस्तेमाल से नाराज बाड़ी उहें फिल्म के निर्देशक श्री नारायण सिंह खुद परिणीति चोपड़ा से ए भूमिका खाती संपर्क सधले बाड़े। निर्माता के नजदीकी सूत्र के मुताबिक, "फिलहाल लागता कि परिणीति ऐश्वर्या के पछाड़ के ए भूमिका प कब्जा क लिहे। फिल्म के टीम अगस्त महीना से शूटिंग शुरू कईल चाहता जबकि ऐश्वर्या ओ समय व्यस्त बाड़ी।"

हालांकि डेट के समस्या के खुद फिल्म के निर्माता प्रेरणा अरोड़ा भी मानतारी। उ कहली कि, "ए भूमिका खाती ऐश्वर्या हमनी के पहिला पसंद बाड़ी, लेकिन उनुका संगे डेट के समस्या बा। जदी उ फिल्म खाती समय निकाले पईहे त उहे 'जैसमिन' के केंद्रीय भूमिका में होईहे।"

  • Share on: