पद्मावत के रिलीज के बाद दीपिका भारत छोड़ के लंदन में रहीहे

TBH Entertainment

पद्मावत के रिलीज के बाद दीपिका भारत छोड़ के लंदन में रहीहे

बॉलीवुड के अभिनेता-अभिनेत्री समेत तमाम नामचीन लोग आम दुनिया से अलग, तनिका शांति के संगे रहे खाती फार्म हाउस जईसन जगह खरीदेले अवुरी उहाँ जा के रहेले। एकरा में कुछूओ नाया नईखे।

एही कड़ी में बॉलीवुड के डिंपल गर्ल दीपिका पादुकोण कुछ समय पहिले लंदन के महंगा इलाका में एगो मकान अपना बदे खरिदली। कुछ रिपोर्ट में कहल जाता कि करोड़ों रुपया के इ मकान दीपिका अपना मेहनत के कमाई से खरीदले बाड़ी अवुरी एकरा खाती केहु से सहयोग नईखी लेले।

अब चर्चा बा कि दीपिका बहुत जल्दी ए मकान में आपन समय बितईहे। बॉलीवुड में कहल जाता कि दीपिका अपना विवादित फिल्म 'पद्मावती' (अब पद्मावत) के रिलीज होखला के बाद लंदन जईहे अवुरी उहाँ अगिला कुछ समय तक रहीहे।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक दीपिका अगिला कुछ सप्ताह लंदन के अपना नयका मकान में एकांतवास में रहीहे अवुरी ए दौरान उ कवनो काम ना करीहे। डेक्कन क्रोनिकल के एगो रिपोर्ट में सूत्र के हवाले से कहल गईल कि, "दीपिका लंदन में अपना 'सपना के घर' खरीदले बाड़ी अवुरी इ मकान उनुकर एकांतवास के ठेकाना होई। पद्मावत के रिलीज होखेला के तुरंत बाद उ लंदन जईहे अवुरी अगिला फिल्म के शुरू होखे तक ओहिजे रहीहे।"

कुछ समय इहो चर्चा रहे कि रणवीर सिंह अवुरी दीपिका पादुकोण एक संगे गोवा में एगो मकान खरीदले बाड़े। हालांकि ए सौदा के जादे जानकारी उपलब्ध नईखे, लेकिन कुछ रिपोर्ट में कहल गईल कि दीपिका-रणवीर के ए मकान के संगे रिजर्व बैंक के पूर्व गवर्नर रघुराम राजन अवुरी पूर्व क्रिकेटर सुनील गावस्कर के बंगला बाटे।

रणवीर सिंह के प्रवक्ता गोवा में बंगला खरीदे के खबर के खंडन क चुकल बाड़े अवुरी एकरा के कोरा अफवाह बतवले बाड़े। हालांकि दीपिका के ओर से अयीसन कवनो बयान नईखे आईल।

मालूम रहे कि दीपिका आज बॉलीवुड समेत भारत में सबसे जादे पईसा लेवेवाली अभिनेत्री बाड़ी। मिलल जानकारी के मुताबिक 25 जनवरी 2018 के रिलीज होखे खाती तैयार 'पद्मावत' खाती दीपिका के 15 करोड़ रुपया मिलल बा।

जदी एक फिल्म बदे दीपिका के 15 करोड़ रुपया मिलता त अयीसना में उ भारत में फार्म हाउस चाहे दोसर कवनो मकान काहें खाती खरीदिहे। ए हिसाब से लंदन के उनुकर करोड़ों रुपया के मकान उनुका सोभा देता अवुरी उनुका साख अवुरी कद के बढ़ावता।

  • Share on: