भगवान ओकरे मदद करेले, जे आपन मदद खुद करेला

एगो आदमी भगवान जी के बहुते बड़ भक्त रहे। उ आपन जिनगी बाड़ा ही सादगी से जियत रहे। भगवान से कबो उ शिकायत ना करत रहे।

ओह आदमी के भगवान प पूरा भरोसा रहे कि ओकरा संगे कबो कवनों तरे के बुरा होईबे ना करी, ओकर भगवान कबो ओकरा संगे बुरा कईए नईखन सकत, भगवान हर पल ओकर मदद करीहे। ई सोच उ हमेशा निश्चिंत रहत रहे। एक दिन उ आदमी मंदिर में पुजा करत रहे कि ओकरा घर में आग लाग गईल।

उ आग धीर-धीरे मंदिर तक पहुंच गईल जाहां उ पुजा करत रहे। मंदिर में भगदड़ मच गईल, सभ आपन जान बचा के ऐने-ओने भागे लगले, बाकी उ भगवान जी के भक्त चुप-चाप मंदिर में पुजा करत रह गईल। लोग चिलाए लगले 'अरे भाग नाही त जान चल जाई'। बाकि उ आदमी त अईसे पुजा करत रहे जईसे कुछुओ भईले नईखे।

उ एके बात कहे हमारा भगवान प पूरा भरोसा बा, हमरा कुछुओ ना होई, हमार भगवान जी हमारा के बचा लिहे।घर के लोग फायर ब्रिगेड के बोलवलस। फायर ब्रिगेड वाला भी आपन जान जोखिम में डाल ओह आदमी के बचावे गईल, बाकि ओह आदमी के त मानी भगवान के भूत सवार रहे।

उ मंदिर से बहरी ना आईल। आग त आपन कमाल देखाइए चुकल रहे। कुछ ना बाचल रहे मंदिर में आ ओकरा घर में त सभ कुछ जर के राख भईये गईल रहे। उ आदमी भी आग में एकदमे झुलस गईल रहे। बाचल रहे त बस हड्डी। मरला के बाद जब उ आदमी स्वर्ग पहुंचल त भगवान जी से एगो सवाल कईलस- 'हम त सुनले रही कि भगावन आपन सभ भक्त के मदद करेले। त रउआ हमरा के जरे से काहे ना बचवनी'?

भगावान जी कहले - "ठीक सुनले बाड़, हम आपन सभ भक्त के मदद करेनी। तोहरों हम मदद करे के बहुते कोशिश कईनी। सभ मंदिर में से भागल, लोग तोहरो के आवाज देत रहे कि भाग मंदिर के चारों देने आग फईल गईल बा, बाकि तू केहु के बात न सुनल। अपना जिद प बईठल रह गईल। फिरु फायर ब्रिगेड गईल तबों तू ना मंदिर से निकलल। तू खाली अपना जिद्द प अडल रहल कि भगवान जी अईहे तोहरा के बचावे खाती।"

भगवान जी कहले - "हम केहु के अपने से मदद करे ना जानी, हम त साधन मात्र देनी, कोशिश त अपने करे के पड़ेला। हम ओकरे मदद करेनी जे आपन मदद खुद करेला"।

भगवान में श्रदा राखल कवनों गलत नईखे बाकि भगवान भरोसे सभ काम छोडल इहों त ठीक नईखे। मनुष्य के आपन काम करत रहे के चाही। बाकि भगवान जी त बड़ले बानी संभाले खाती।

  • Share on:

SUNAINA PANDEY

SOCIAL MEDIA

JOIN US ON FACEBOOK

@thebhojpuri

FOLLOW US ON TWITTER

@thebhojpuri

CONNECT US ON GOOGLE+

@thebhojpuri

STAY TUNE ON YOUTUBE

@thebhojpurivideo