धार्मिक अनुष्ठान क के उठत लोग के एगो बेकाबू गाड़ी कचटलस, तीन के मौत

धार्मिक अनुष्ठान क के उठत लोग के एगो बेकाबू गाड़ी कचटलस, तीन के मौत

फ़ाइल फोटो

बिहार के सीतामढ़ी जिला के पुपरी-सीतामढ़ी एसएच 52 पथ में बछाड़पुर नैयरा टोला के मस्जिद से नमाज पढ़ के निकलत चार लोग के एगो बेकाबू गाड़ी कचट देलस। जवना से तीन लोग के मौत हो गईल।

मरेवाला में जाहिर अहमद मोती (70 साल) आ नसीर अहमद (60 साल) दुनों भाई रहले। जबकि तीसरा मो. अमीरुल के बेटा मो. जहिरुल हक उर्फ हीरा (45 साल) बतावल जाता। उहे मो. अब्बास के बेटा रहमत अली (28 साल) के इलाज सदर अस्पताल में करावल जाता।

घटना से खिसियाइल लोग गाड़ी चालक आ खलासी के बंधक बना के बहुत मार मरले। संगही पुपरी-सीतामढ़ी पथ मार्ग के बछारपुर के नजदीक स्टेट हाइवे के जाम क के हंगामा मचवले। सूचना पाके सीओ लवकेश कुमार, थानाध्यक्ष कर्पुरनाथ शर्मा पुलिस बल के संगे घटना स्थल प पहुंचले।

थानाध्यक्ष कपूर नाथ शर्मा आ सीओ लवकेश कुमार घटनास्थल पहुँच के मामला के शांत करावत जईसे-तईसे बंधक बनल चालक-खलासी के छोड़वले।

जानकारी के मुताबिक, दिन के दु बजे लोग जौहर के नमाज पढ़ के बहरी निकलत रहले। एही बीच पुपरी के ओर जात सुधा दूध के गाड़ी के चालक के नियंत्रण बिगड़ गईल अवुरी मस्जिद के शौचालय में जा टकराईल ए बीच मस्जिद से बहरी निकलत चारों लोग गाड़ी के चपेट में आ गईले।

हल्ला होखे प लोग के भीड़ जमा हो गईल। सभके आनन-फानन में अस्पताल पहुंचावल गईल। जहां तीन लोग के मौत के खबर आवते लोग सड़क प लाठी-डंडा लेके सड़क जाम क टायर जरा के आगजनी करत हंगामा शुरू क दिहले। मामला बिगड़त देख के अधिकारी के टीम मौका प पहुंच के कसहू मामला के शांत करवले।

  • Share on: