अवैध वसूली अवुरी लूटपाट के आरोप में तीन पुलिसकर्मी गिरफ्तार, आरोपी दारोगा फरार

अवैध वसूली अवुरी लूटपाट के आरोप में तीन पुलिसकर्मी गिरफ्तार, आरोपी दारोगा फरार

राजधानी पटना में तीन पुलिसकर्मी के घुस लिहला के आरोप में गिफ्तार करत निलंबित क दिहल गईल। ए मामला के एगो आरोपी थाना में तैनात दारोगा बाड़े, जवन की फरार बाड़े। शहर के गांधी मैदान इलाका में तैनात तीनो पुलिसकर्मी प गश्ती के समय भ्रष्टाचार करे के आरोप बा।

बतावल जाता कि गांधी मैदान थाना के दारोगा विद्यानंद यादव, चालक विरेंद्र कुमार अवुरी दु सिपाही मो. नौशाद आलम अवुरी मोती राम गश्ती के दौरान फल बेचेवाला से जबर्दस्ती वसूली करत रहले।

फल बेचेवाला (सुधीर कुमार) जब मामला के जानकारी पुलिस कप्तान मनु महाराज के देले त जांच शुरू भईल अवुरी आरोप साबित होखला के बाद सिपाही मोती राम अवुरी नौशाद आलम समेत चालक विरेंद्र कुमार के गिरफ्तार क जेल भेज दिहल गईल, जबकि आरोपी दारोगा अभी फरार बाड़े। ए घटना के बाद पुलिस विभाग में खलबली मच गईल बा।

पटना के एसएसपी मनु महाराज बतवले कि खाकी वर्दी प दाग लगावे वाला पुलिसकर्मी के कवनों हाल में छोड़ल ना जाई। फरार दारोगा के तलाश कईल जाता। पटना पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी मामला के खुद जांच करतारे।

बतावल जाता कि पुनाईचक निवासी सुधीर कुमार सब्जी अवुरी फल बेचे अवुरी एकरा खाती सोमवार के रात उ बख्तियारपुर से पिकअप वैन में सब्जी-फल लेके पटना आईल रहले।

बख्तियारपुर से पटना आवत सुधीर कुमार जब चिरैयाटांड पुल के नीचे एगो होटल में खाना खईला के बाद गाड़ी में बईठे लगले, त सिपाही मोती राम अवुरी नौशाद उनुका अईले अवुरी उनुका के पीछा से पकड़ लिहले।

पुलिसकर्मी उनुका के गरियावत पईसा के मांग कईले अवुरी आनाकानी कईला प ताबड़तोड़ पीटे लगले। पुलिसकर्मी धमकी देले कि जदी सुधीर कुमार पईसा ना दिहे त उ लोग उनुका के शराब चाहे हथियार के केस में फंसा दिहे।

एही बीच जब सुधीर के नजर सड़क के किनारा अन्हरिया में खड़ा पुलिस जीप प परल त उ चुपचाप जेब से 150 रुपया निकाल के दे देले। लेकिन एतना पईसा शरद ए लोग के मंजूर ना रहे। पईसा मिलला के बावजूद नौशाद उनुकर हाथ पकड़ लिहले जबकि मोती राम जेब के तलाशी लेवे लगले अवुरी तलाशी के दौरान उनुका पैंट के जेब से मिलल 2150 रुपया निकाल लेले।

सुधीर के मुताबिक समूचा पईसा लूटईला के बाद उनुका भीरी घर जाए खाती एको रुपया ना बाचल रहे। उ सिपाही के पीछे-पीछे जीप के भीरी पहुंचले जवना में जीप में चालक अवुरी दारोगा विद्यानंद यादव बईठल रहले।

दारोगा के सोझा सुधीर बहुत गीड़गिड़ईले अवुरी घरे जाए खाती कम से कम 50 रुपया देवे के कहले। एकरा प दारोगा भड़क गईले अवुरी गारी देत सुधीर के पिटाई क दिहले।

  • Share on: