आठ साल के बच्ची से स्कूल में दुष्कर्म के प्रयास, परिवार प केस वापस लेवे के दबाव

आठ साल के बच्ची से स्कूल में दुष्कर्म के प्रयास, परिवार प केस वापस लेवे के दबाव

प्रतिकात्मक तस्वीर

राजधानी पटना में एगो निजी स्कूल में पढेवाली आठ साल के छात्रा से स्कूल के जमादार (सफाई कर्मचारी) बलात्कार के प्रयास कईलस। बच्ची से घटना के जानकारी मिलला के बाद परिवार के के लोग भड़क गईले अवुरी मोहल्ला के लोग संगे स्कूल में जोरदार हंगामा करत घेराव कईले। परिवार के आरोप बा कि स्कूल के प्रबंधक अवुरी गार्ड लोग प पिस्टल तान के धमकावे के प्रयास कईलस।

मिलल जानकारी के मुताबिक, पटना के दानापुर में लेखा नगर के होली क्रॉस इंटरनेशनल स्कूल में दूसरा कक्षा के एगो छात्रा के संगे रामजी प्रसाद नाम के एगो सफाई कर्मचारी दुष्कर्म के प्रयास कईले। सूचना मिलला प दानापुर थानाध्यक्ष संदीप कुमार सिंह मौका प पहुंचले अवुरी सफाई कर्मचारी के गिरफ्तार क लेले

परिवार के मुताबिक सगुना मोड़ के प्राइवेट स्‍कूल में भईल घटना के बाद जब उ लोग स्कूल प्रशासन से कार्रवाई करे के मांग करत उहाँ पहुंचले त स्‍कूल के निदेशक बीके ठाकुर बहरी निकलले अवुरी ओ लोग प पिस्तौल तान दिहले। स्‍कूल प्रशासन कार्रवाई करे के बदला परिवार प मामला के रफा-दफा करे के दबाव बनवलस।

स्थानीय लोग के विरोध के देखत दानापुर के भाजपा विधायक आशा देवी मौका प पहुंचली। उ शुरू में त आरोपी के काट देवे के बात कहली लेकिन बाद में अपना बयान से मुकर गईली। महिला विधाक कहली कि इ एगो बहुत बड़ अपराध बा।

जानकारी के मुताबिक, बुधवार के दुपहर के समय दूसरा कक्षा में पढ़े वाली बच्ची बाथरूम गईल। भीतर सफाई कर्मचारी रामजी प्रसाद पहिले से मौजूद रहे। बच्ची के आवते उ दरवाजा बंद क देलस अवुरी डेरा-धमका के ओकरा संगे गंदा हरकत कईलस।

बच्ची जब लौट के कक्षा में आईल त अपना सहेली के घटना के बारे में बतवलस। फिर ओकर सहेली कक्षा से बहरी निकल के क्लास टीचर से शिकायत कईलस।

जब बात प्रिंसिपल तक पहुंचल त उ फोन प पीडि़त बच्ची के अभिभावक अवुरी थाना पुलिस के घटना के बारे में बतवले। गिरफ्तार आरोपी रामजी प्रसाद खगौल थाना क्षेत्र के नैनचक के रहेवला हवे। उ तीन-चार साल से स्कूल में शौचालय के साफ-सफाई के काम करत रहले।

  • Share on: