घर से बोला के युवक के हत्या, अपराधी लाश के घरे पहुंचा के फरार

घर से बोला के युवक के हत्या, अपराधी लाश के घरे पहुंचा के फरार

प्रतिकात्मक तस्वीर

बिहार में एगो दर्दनाक घटना में अपराधी एगो युवक के ओकरा घर से बोला के हत्या क दिहले। ओकरा बाद लाश के रिक्शा प राख के ओकरा घर पहुंचा के फरार हो गईले।

मिलल जानकारी के मुताबिक बेगूसराय जिला के मटिहानी थाना के बदलपुरा में युवक के घर से बोला के हत्या कईला के बाद लाश के ओकर घर छोड़ के अपराधी भाग गईले। मरेवाला युवक के शरीर प कई जगह चोट के निशान परल बा।

बतावल जाता कि मरेवाला शांता कौशल उर्फ मिंटू बदलपुरा के रहेवाला रहे। परिवार के मुताबिक बुधवार के दुपहर में केहु मोबाइल प फोन क शांता के घर से बोलवले रहे। सांझ के साढ़े चार बजे के आसपास कवनो अंजान रिक्शा से लाश के घर पहुंचा के अपराधी भाग गईले।

ओने, घटनास्थल के पता आ कवनों दोसर सुराग ना मिले से पुलिस दोसरा थाना के मामला बता के पल्ला झाड़तल रहल। मुफस्सिल, नगर अवुरी मटिहानी थाना के पुलिस एक-दोसरा के क्षेत्र बता के आपस में अझुराइल रहल। केहु हेमरा त केहु बदलपुरा गांव के घटना के मामला बतावत रहे।

परिवार के मुताबिक स्थानीय पुलिस के मदद से लाश के पोस्टमार्टम करावे खाती सदर अस्पताल भेज दिहल गईल, लेकिन पुलिस रिपोर्ट ना होखे के चलते लाश घंटों सदर अस्पताल में गाड़ी में परल रहल।

बुधवार के रात तक थाना क्षेत्र के विवाद में ना त लाश के पोस्टमार्टम भईल रहे नाही प्राथमिकी दर्ज होखे पावल रहे। एसडीपीओ सह एएसपी मिथिलेश कुमार बतवले कि शांता के मोबाइल के कॉल डिटेल्स आ टावर लोकेशन के जांच कईल जाता। जवना से खास सुराग मिले के संभावना बा।

  • Share on: