पिकअप-बाइक के जोरदार टक्कर में एक के मौत, तीन घाही

पिकअप-बाइक के जोरदार टक्कर में एक के मौत, तीन घाही

प्रतिकात्मक तस्वीर

राजधानी पटना से सटल मसौढी-नौबतपुर मार्ग प भईल सड़क दुर्घटना में एक आदमी के मौत हो गईल जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। घाही के तुरंत अस्पताल पहुंचावल गईल जहां उनुकर इलाज चलता।

मिलल जानकारी के मुताबिक मसौढी-नौबतपुर के कावर गांव के भीरी पिकअप वैन एगो बाइक में जोरदार टक्कर मार देलस। जवना चलते ए टक्कर में चार लोग गंभीर तौर प घाही हो गईले।

मौका प पहुंचल मसौढी पुलिस सभे घाही के पीएमसीएच भेज देलस जहां एक के मौत हो गईल आ बाकी के हालत अभियो गंभीर बनल बा।

बतावल जाता कि बाइक प सवार सभे लोग बियाह में शामिल होखे जात रहले। फिलहाल पुलिस ए मामला के जांच में जुटल बिया।

  • Share on: