बिहार में अब बिजली झटका दे सकेले, दर में बढ़ोतरी के तैयारी

बिहार में अब बिजली झटका दे सकेले, दर में बढ़ोतरी के तैयारी

उत्तर प्रदेश के बाद अब बिहार में बिजली के दर बढ़ावे के कार्रवाई शुरू हो गईल बा। बिहार में बिजली वितरण के कामकाज देखे वाली कंपनी सरकार के 10 प्रतिशत तक बिजली दर में बढ़ोतरी करे के प्रस्ताव देले बिया। हालांकि ए प्रस्ताव में कम बिजली खपत करेवाला ग्राहक के कुछ राहत देवे के भी प्रावधान बा।

बिजली कंपनी के प्रस्ताव में एक अप्रैल, 2018 से बिजली के दर में 10 प्रतिशत के बढ़ोतरी के संगे गांव में 50 यूनिट अवुरी शहर में 100 यूनिट तक बिजली के खपत करे वाला लोग खाती बिजली के दर आज के मुक़ाबले सस्ता करे के बात कहल बा।

संगही, खेतीबाड़ी खाती लिहल कनेक्शन के बिजली दर में कवनो प्रकार के कटौती चाहे बढ़ोतरी के प्रस्ताव नईखे। एकरा अलावे बीपीएल श्रेणी के 'कुटीर ज्योति उपभोक्ता', छोट (एलटीएस) आ बड़ उद्योग (एचटीएस) के उपभोक्ता खाती बिजली दर में कटौती करे के प्रस्ताव शामिल बा।

जहां तक उद्योग के मिलेवाली बिजली के सवाल बा त छोट (एलटीएस) आ बड़ उद्योग (एचटीएस) के बिजली दर में कटौती के प्रस्ताव त बाटे, लेकिन ए प्रकार के कनेक्शन धारी ग्राहक खाती तय फ़िक्स्ड चार्ज में बढ़ोतरी के बात कहल बा।

वर्तमान दर के मुताबिक एलटीएस कनेक्शन वाला ग्राहक के हर महीना प्रति किलोवॉट 200 रुपया, जबकि एचटीएस वाला ग्राहक के 300 रुपया फ़िक्स्ड चार्ज देवे के होखेला। ताज़ा प्रस्ताव में एलटीएस के फ़िक्स्ड चार्ज 220 रुपया प्रति किलोवॉट अवुरी एचटीएस के फ़िक्स्ड चार्ज 500 रूपया किलोवॉट करे के बात कहल बा।

बिजली के दर बढ़ावे के मामला में बिजली कंपनी के ओर से दु प्रकार प्रस्ताव विनियामक आयोग के सोझा राखल बा। पहिला प्रस्ताव में बिजली कंपनी के कहनाम बा कि जदी सरकार सब्सिडी हटावल चाहत होखे त एकरा खाती बिजली के दर में 51 प्रतिशत से लेके 120 प्रतिशत तक बढ़ोतरी करे के होई।

दुसरका प्रस्ताव में बिहार में बिजली वितरण के काम देखे वाली दुनों कंपनी नॉर्थ बिहार पावर डिस्ट्रिब्यूशन कंपनी लिमिटेड अवुरी साउथ बिहार पावर डिस्ट्रिब्यूशन कंपनी लिमिटेड के ओर से अगिला वित्त वर्ष में बिजली दर में 10 प्रतिशत के बढ़ोतरी के संगे खर्च के रूप में 16,900 करोड़ के मांग कईल बा। कंपनी के मुताबिक वर्तमान वित्त वर्ष (2017-18) में राज्य सरकार से 2,952 करोड़ रुपया ओकरा अनुदान के रूप में मिलल बा।

अब तनिका बिजली के वर्तमान दर अवुरी प्रस्तावीत दर प एक नज़र डालल जाए

यूनिटवर्तमान दरप्रस्तावीत दर
शहरी क्षेत्र
1-1004.273.12
101-2005.025.42
201-3005.776.92
300 से अधिक6.527.42
ग्रामीण क्षेत्र
0-502.652.05
51-1002.903.40
100 से ऊपर3.154.40
सभ दर प्रति यूनिट

मालूम रहे कि बिजली कंपनी के प्रस्ताव के अभी विनियामक आयोग के मंजूरी नईखे मिलल।

  • Share on: