नीतीश कुमार के काफिला प पत्थराव, सुरक्षाकर्मी घाही

TBNN

नीतीश कुमार के काफिला प पत्थराव, सुरक्षाकर्मी घाही

बिहार के बक्सर में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के समीक्षा यात्रा के दौरान उनुका काफिला प लोग पत्थरबाजी अवुरी हंगामा कईले। नीतीश के खिलाफ भीड़ नाराबाजी कईलस। जानकारी के मुताबिक मुख्यमंत्री के उहां से सुरक्षित निकाल लिहल गईल बा। पथराव करेवाला में जादेतर महिला शामिल रही।

पत्थराव होखते सुरक्षाकर्मी नीतीश के अपना घेरे में लेले लिहले अवुरी उनुका के सुरक्षित गाड़ी में बईठा देले। ए घटना में नीतीश के सुरक्षाकर्मी घाही हो गईले। पथराव में घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

घटना बक्सर के नंदन गांव में ओ समय भईल जब नीतीश कुमार समीक्षा यात्रा में शामिल होखत रहले।

बतावल जाता कि कुछ लोग मुख्यमंत्री के नंदन गांव के इलाका के दलित बस्ती में आवे के मांग करत रहले। जवना चलते विवाद शुरू हो गईल अवुरी फिर स्थानीय लोग के ओर से पत्थरबाजी शुरू हो गईल। बतावल जाता कि पत्थरबाजी में कई लोग घाही हो गईले। हालांकि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के काफिला के पत्थरबाजी के दौरान ठीक-ठाक बहरी निकाल लिहल गईल।

जानकारी के मुताबिक शुक्रवार के सबेरे नीतीश कुमार विकास कार्य के समीक्षा यात्रा के दौरान बक्सर के नंदन गांव पहुंचल रहले।

नंदन गांव के लोग के आरोप बा कि सात निश्चय कार्यक्रम में कवनो काम जमीन प नईखे भईल। जवना चलते लोग के बीच विरोध रहे। नीतीश कुमार नंदन गांव से निकल के उहां से दु किलोमीटर दूर हरियाणा फार्म प सभा खाती पहुंचले।

  • Share on: