पैक्स अध्यक्ष के अपहरण के बाद हत्या, लाश गड़हा में मिलल

TBNN

स्थानीय  लोग पंकज के हत्या के पीछा फिरौती के आशंका जतावतारे।

स्थानीय लोग पंकज के हत्या के पीछा फिरौती के आशंका जतावतारे।

बिहार के बेखौफ अवुरी बेलगाम हो चुकल अपराधी मंगलवार के एगो पैक्स अध्यक्ष के हत्या क देले। मरेवाला आदमी के दु दिन पहिले अपहरण भईल रहे।

राज्य के नालंदा जिला से जुडल ए घटना में मरेवाला आदमी सरमेरा के मालवा पैक्स अध्य्क्ष पंकज रहले। पंकज के दु दिन पहिले अपहरण भईल रहे अवुरी मंगलवार के सबेरे पुलिस उनुका लाश के बरामद कईलस।

फिलहाल हत्या के कारण अवुरी हत्यारा के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल। स्थानीय लोग से लाश मिले के सूचना मिलला प मौका प पहुंचल पुलिस टीम लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम बदे भेज देले बिया।

हालांकि स्थानीय लोग पंकज के हत्या के पीछा फिरौती के आशंका जतावतारे, लेकिन पुलिस के कहनाम बा कि बिना जान भईले उ ए विषय में कवनो टिप्पणी ना करी। पुलिस के मुताबिक पंकज के लाश देखे से लागता कि उनुकर हत्या दोसरा जगह कईला के बाद लाश के इहाँ लेआके फेंकल होखे।

पुलिस के लाश के आसपास कवनो प्रकार के संघर्ष चाहे ज़ोर-जबरदस्ती के निशान नईखे मिलल।

ओने पंकज के परिवार के जब लाश मिले के सूचना मिलल त ओ लोग के रहल-सहल उम्मीद भी टूट गइल। पछिला दु दिन से पंकज के बरामद करे खाती पुलिस थाना के फेरी लगावत पंकज ए घटना से एकदम बेहाल हो गइल बा।

  • Share on: