बिहार में 8 साल के दिव्यांग बच्ची संगे दुष्कर्म, आरोपी गिरफ्तार

TBNN

फाइल फोटो

फाइल फोटो

देश में तमाम धरना प्रदर्शन के बावजूद नाबालिग बच्ची के संगे के बलात्कार के घटना खत्म होखे के नाम नईखे लेत। बिहार के सीवान जिला में दिल दहला देवे वाली घटना में एगो दिव्यांग नाबालिग बच्ची से ओकर पड़ोस के लईका बहला-फुसला के ले गईल अवुरी ओकरा संगे दुष्कर्म कईलस। हालांकि पुलिस मामला में तुरंत कार्यवाई करत आरोपी युवक के गिरफ्तार क लेलस।

जानकारी के मुताबिक राज्य के सीवान जिला के गोरेयाकोठी के छितौली खुर्द गांव में शनिवार के सांझ 8 साल के दिव्यांग बच्ची के घर में अकेले पाके पड़ोस के एगो 14 साल के युवक अपना घर ले गईल अवुरी दुष्कर्म कईलस।

पुलिस के एगो अधिकारी के बतवला मुताबिक बच्ची के गंभीर हालत में सीवान सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा, जहां ओकर इलाज चलता। पीड़िता के बयान प सीवान के महिला थाना में आरोपी युवक के खिलाफ बलात्कार के केस दर्ज क लिहल गईल बा।

पीड़ित छात्रा के परिवार के कहनाम बा कि पीड़ित बच्ची के पिता पुणे में मजदूरी के काम करेले अवुरी मां अपना छोट बेटा के लेके डॉक्टर के भीरी गईल रही अवुरी पीड़िता घर में अकेले रहे।

सीवान महिला थाना के प्रभारी मंजु सिंह सोमवार के बतवली कि ए मामला में नामजद आरोपी गांव के ही साबिर हुसैन के नाबालिग बेटा के रविवार के रात में गिरफ्तार क लिहल गईल अवुरी पुलिस समूचा मामला के छानबीन करतिया।

  • Share on: