बिहार सरकार यूपीएससी आ बीपीएससी के प्रारंभिक परीक्षा पास करे प 50 हजार आ एक लाख रुपया दिही

TBNN

बिहार सरकार यूपीएससी आ बीपीएससी के प्रारंभिक परीक्षा पास करे प 50 हजार आ एक लाख रुपया दिही

नीतीश कुमार के अध्यक्षता में मंगलवार के भईल मंत्रिमंडल के बैठक में कुल 21 एजेंड़ा के मंजूरी दिहल गईल। ए बैठक में अनुसूचित जाती/ जनजाति के बाद अब बिहार सरकार अति पिछड़ल छात्रा के यूपीएससी अवुरी बीपीएससी के परीक्षा पास करे प प्रोत्साहन राशि देवे के फैसला कईलस।

मंत्रिमंडल समन्वय विभाग के प्रधान सचिव अरुण कुमार सिं बतवले कि पिछड़ल वर्ग आ अति पिछड़ल वर्ग कल्याण विभाग के तहत 'मुख्यमंत्री अति पिछड़ल वर्ग सिविल सेवा प्रोत्साहन योजना' के तहत बिहार लोक सेवा आयोग के ओर से आयोजित साझा प्रतियोगिता परीक्षा के प्रारंभिक परीक्षा में पास होखे वाला अति पिछड़ा वर्ग के अभ्यर्थी के आगे के तैयारी खाती एकमुश्त 50 हजार रुपया आ संघ लोक सेवा आयोग के ओर से आयोजित सिविल सेवा प्रतियोगिता परीक्षा के प्रारंभिक परीक्षा में पास होखे वाला अति पिछड़ल वर्ग के अभ्यर्थी के एकमुश्त एक लाख रुपए दिहल जाई।

एकरा संगही बिहार मंत्रिमंडल के बैठक में अल्पसंख्यक अवुरी अति पिछड़ल छात्र-छात्रा के मदद खाती कई प्रस्ताव के मंजूरी दिहल गईल। अल्पसंख्यक कल्याण विभाग के तहत अल्पसंख्यक कल्याण छात्रावास में पढ़ाई खाती छात्र-छात्रा के हरेक महीना एक हजार रुपया अनुदान प्रदान करे के प्रस्ताव के मंजूरी दिहल गईल। ए तरह, पिछड़ल आ अतिपिछड़ल वर्ग के छात्रावास में रहे वाला छात्र-छात्रा के हरेक महीना 1000 रुपया के अनुदान मिली।

प्रधान सचिव अरुण कुमार सिंह अवुरी गृह आ अल्पसंख्यक कल्याण विभाग के प्रधान सचिव आमिर सुबहानी साझा रूप से बतवले कि अनुदान के इ राशि मुख्यमंत्री अल्पसंख्यक कल्याण छात्रावास अनुदान योजना आ मुख्यमंत्री पिछड़ल वर्ग छात्रावास अनुदान योजना के तहत दिहल जाई। उ बतवले कि वर्तमान समय में राज्य में कुल 33 अल्पसंख्यक कल्याण छात्रावास बा, जवना में 3350 छात्र-छात्रा के रहे के व्यवस्था बा।

  • Share on: