बिहार में मलमास मेला के नीतीश उद्घाटन कईले, राजकीय दर्जा मिले से श्रद्धालु के सुविधा बढ़ल

TBNN

बिहार में मलमास मेला के नीतीश उद्घाटन कईले, राजकीय दर्जा मिले से श्रद्धालु के सुविधा बढ़ल

बिहार के राजगीर में बुधवार के वैदिक मंत्रोच्चार के बीच ध्वजारोहण के संगे ऐतिहासिक अवुरी पौराणिक मलमास मेला शुरू हो गईल। ए पौराणिक मेला के बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार उद्घाटन कईले।

ए मौका प मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले कि हिन्दू धर्म खाती इ 'मलमास मेला' बहुत महत्व राखेला अवुरी इहां मलमास के मौका प देश विदेश से लाखों श्रद्धालु आके पूजा-अर्चना करेले।

उ कहले कि अबकी बेर ए मेला के राजकीय मेला के दर्जा दिहल गईल बा, जवना से आवे वाला श्रद्धालु के अवुरी ढेर सुविधा मिली।

एकरा से पहिले मुख्यमंत्री सप्तधारा अवुरी ब्रह्म कुंड में तीर्थ पूजन के आरती में शामिल भईले। नीतीश कुमार ए मौका प लोग के सुविधा खाती मोबाइल ऐप लॉन्च कईले जेकरा माध्यम से राजगीर के बारे में पूरा जानकारी हासिल होखे सकी।

करीब एक महीना तक चले वाला इ मेला13 जून के खतम होई। मेला में आवे वाला लोग के कवनो तरह के परेशानी मत होखे एकरा खाती जिला प्रशासन भरपूर व्यवस्था कईले बिया।

नगर पंचायत राजगीर के ओर से 22 शैचालय, लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण विभाग के सौजन्य से 75 प्री फेब्रिकेटेड शौचालय आ 44 नन फेब्रिकेटेड शौचालय के व्यवस्था मेला खाती भईल बा। इहाँ आवे वाला पर्यटक के कवानों तरह के असुविधा मत होखे एकर पूरा ध्यान राखल जाता।

  • Share on: