सृजन घोटाला में सीबीआई 8 अवुरी लोग के खिलाफ मामला दर्ज कईलस, सरकार रिपोर्ट मंगलस

TBNN

सृजन घोटाला में सीबीआई 8 अवुरी लोग के खिलाफ मामला दर्ज कईलस, सरकार रिपोर्ट मंगलस

बिहार के सबसे बड़का घोटाला - 'सृजन महाघोटाला' के जांच करत सीबीआई अब ए मामला में 8 अवुरी लोग के खिलाफ मामला दर्ज कईलस। सीबीआई ए मामला में पहिलही 19 लोग के खिलाफ मामला दर्ज क चुकल बिया। अब ए मामला में सृजन महिला विकास समिति आ बैंक के अधिकारी के खिलाफ मामला दर्ज भईल।

सृजन घोटाला में सृजन संस्था से जुडल 8 अधिकारी प आपराधिक साजिश अवुरी धोखाधड़ी के आरोप लगावत सीबीआई केस दर्ज कईलस।

एह बीच बिहार सरकार के वित्त विभाग के ओर से सृजन घोटाला में भईल वित्तीय गड़बड़ी के रिपोर्ट मांगल गईल। करीब दस महीना पहिले अगस्त 2017 में घोटाला के खुलासा के बाद से सरकार ए मामला में रिपोर्ट मंगले बिया। रिपोर्ट के मांग भागलपुर, सहरसा आ बांका जिला के प्रशासन से कईल बा।

याद रहे कि सृजन घोटाला के शुरुआत भागलपुर से भईल रहे। एकरा बाद ए घोटाला में बांका अवुरी सहरसा जिला भी शामिल भईल। ए घोटाला के केंद्र रहल भागलपुर में जिला स्तर अवुरी प्रखण्ड स्तर प अलग-अलग विभाग में अवैध निकासी भईल रहे। सभ मामला में सरकारी पईसा के अवैध तरीका से सृजन संस्था के खाता में ट्रान्सफर भईल रहे।

सहरसा में विशेष भू अर्जन आ बांका में भू अर्जन कार्यालय में सरकारी राशि के अवैध निकासी भईल रहे। ए मामला में भागलपुर में करीब 20 प्राथमिकी दर्ज भईल बा जबकि बाकी दुनो जिला में भी अवैध निकासी के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावल बा।

सृजन घोटाले में बैंक ऑफ बड़ौदा, इंडियन बैंक आ बैंक ऑफ इंडिया के कुछ अधिकारी के नाम प्रमुखता से सोझा आईल रहे। अभी तक के जानकारी के मुताबिक अकेले भागलपुर में करीब 2,000 करोड़ से अधिक के अवैध निकासी भईल बा।

अब महालेखाकार के निरीक्षण प्रतिवेदन के बाद वित्त विभाग के प्रधान सचिव सुजाता चतुर्वेदी भागलपुर, सहरसा अवुरी बांका के डीएम से रिपोर्ट मंगले बाड़ी। तीनों जिला के डीएम से वित्तीय प्रावधान आ आंतरिक वित्तीय नियंत्रण के पालन में भईल गड़बड़ी के रिपोर्ट ऑडिटर जनरल के भेजे के कहल बा।

  • Share on:
Loading...