दलित बच्ची के अपहरण अवुरी बलात्कार, आरोपी पीड़िता के खेत में बेहोश छोड़ के फरार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के पश्चिमी चंपारण जिला में एगो सात साल के बच्ची के संगे गांव के एगो दबंग युवक दुष्कर्म कईलस अवुरी ओकरा के बेहोशी के हालत में छोड़ के फरार हो गईल। बाद में बच्ची कसहूँ अपना घरे पहुंचल, जहां से परिवार के लोग इलाज खाती ओकरा के अस्पताल में भर्ती करवले।

जिला के बेतिया में मझौलिया थाना क्षेत्र के शेख मझरिया गांव में भईल ए घटना में पीड़िता के परिवार के आरोप बा कि रात में जब बच्ची सुतल रहे त मुन्ना कुशवाहा नाम के आरोपी ओकरा के उठा ले गईल अवुरी खेत में ले जाके दुष्कर्म कईलस। परिवार के मुताबिक दुष्कर्म के दौरान जब बच्ची बेहोश हो गईल आरोपी ओकरा के ओसही खेत में छोड़ के फरार हो गईल।

पीड़िता के पिता के बयान प पुलिस मामला दर्ज करत आरोपी युवक के गिरफ्तारी खाती छापामारी करतिया। बतावल जाता कि पीड़िता अवुरी आरोपी के घर अगल-बगल बा। आरोपी के संबंध जहां गांव के दबंग परिवार से बाटे, उहें पीड़िता दलित अवुरी गरीब परिवार के बेटी बिया।

बच्ची के पिता के बतवला मुताबिक मंगलवार के रात गांव में एगो बारात आईल रहे, जवना में शामिल होखे खाती उ घर से निकलल रहले। घर में बच्ची अवुरी ओकर महतारी सुतल रहली।

आरोपी मुन्ना कुशवाहा एकरे फायदा उठावत बच्ची के उठा के खेत में ले गईल अवुरी अपना हवस के शिकार बनावला के बाद बच्ची के बेहोशी के हालत में छोड़ के फरार हो गईल। कुछ समय बाद जब बच्ची के होश आईल त उ रोवत-बिलखत अपना घरे पहुंचल अवुरी महतारी के घटना के बारे में बतवलस।

ऐने गांव में ए घटना से भारी तनाव देखे के मिलता। गांव के लोग ए एकरा के जातिगत मान-सम्मान से जोड़तारे। हालांकि पुलिस के कहनाम बा कि मामला पूरा तरीका से कानून-व्यवस्था के बाटे।

  • Share on:
Loading...