जंगली हाथी के झुंड तेज रफ्तार ट्रेन के चपेट में आईल, 4 के जगहे प मौत

जंगली हाथी के झुंड तेज रफ्तार ट्रेन के चपेट में आईल, 4 के जगहे प मौत

झारखंड-ओड़िशा सीमा प चक्रधरपुर-झारसुगुड़ा रेल मंडल से 30 किलोमीटर दूर रविवार के रात में ट्रेन के टक्कर से चार हाथी के मौत हो गईल। बागडीही अवुरी पानपाली स्टेशन के बीच भईल ए दुर्घटना के चलते ट्रेन के आवाजाही बहुत देर तक रुकल रहल।

हालांकि रेलवे लाइन से हाथी के लाश के हटवला के बाद रेल यातायात फिर से शुरू हो गईल।

दरअसल, बागडीही अवुरी पानपाली रेलवे स्टेशन के बीच बहुत घनघोर जंगल बा। ए क्षेत्र में हाथी लगातार एने-ओने घुमत रहेले। रविवार के रात जसही ट्रेन ए इलाका से होके जात रहे, रेलवे लाइन प चार हाथी आ गईल।

एकरा में से दु छोट अवुरी दु बड़े हाथी रहे। ट्रेन के आवत देख के सभे हाथी ट्रेन के आगे-आगे तेजी से दौड़े लगले। ए बीच ट्रेन पीछे से टक्कर मार देलस अवुरी चारो हाथी के जगहे प मौत हो गईल।

  • Share on:
Loading...