भारी बरखा के चलते मकान ढह गइल, 4 लोग के मौत, 2 लोग घाही

भारी बरखा के चलते मकान ढह गइल, 4 लोग के मौत, 2 लोग घाही

बुधवार के भोर में भईल भारी बरखा में एगो मकान के दीवार गिरे से 4 लोग के दबा के मौत हो गईल, जबकि घंभीर रूप से घाही हो गईले। उत्तराखंड में देहरादून के सीमाद्वार में भईल ए दुर्घटना में कुल 6 लोग मलबा में दबाईल रहले, जवना में से 2 लोग के घाही हालत में बहरी निकाल के अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

बतावल जाता कि मरेवाला चारो लोग मूल रूप से बिहार के दरभंगा के तारसराय के निवासी रहले। मरेवाला में संतोष साहनी (35 साल), सुलेखा देवी (30 साल), धीरज कुमार (5 साल) अवुरी नीरज कुमार (3 साल) के नाम शामिल बा।

ए दुर्घटना में दु बाकी लोग घाही हो गईले जेकरा के इलाज खाती स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गईल। घाही में प्रमोद साहनी अवुरी जगदीश साहनी शामिल बाड़े।

मालूम रहे कि उत्‍तराखंड के पहाड़ी इलाका में भारी बरखा होखता। देहरादून के बहुत इलाका में भारी बरखा के चलते जगह-जगह पानी भर गईल बा।

मौसम विभाग देहरादून में भारी बरखा आ तूफान के चेतावनी जारी कईले बा, जवना के चलते जिलाधिकारी उहाँ के सभे सरकारी स्‍कूल अवुरी आंगनवाड़ी केंद्र के बुधवार के बंद केर के आदेश जारी कईले।

  • Share on:
Loading...