हमार आवाज जनादेश के डकैती करेवाला डकैत के खिलाफ आम जनता के आवाज ह: तेजस्वी

हमार आवाज जनादेश के डकैती करेवाला डकैत के खिलाफ आम जनता के आवाज ह: तेजस्वी

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के बच्चा वाला बयान प नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव एगो ट्वीट में नीतीश प निशाना साधत कहले कि- नीतीश चाचा काल कहले, तेजस्वी बच्चा बाड़े। आदरणीय चच्चा जी, आज बच्चा के बाल दिवस प आशीर्वाद ना सही लेकिन शुभकामना त दे देती। रउआ 5 दिन पहिलहू ए बच्चा के जन्मदिवस के शुभकामना ना भेजले रही। बच्चा कहतानी त बड़ जईसन सलूक भी करी।

तेजस्वी अगिला ट्वीट में लिखले कि बच्चा कतनों बड़ काहें ना हो जाए लेकिन उ माई-बाप अवुरी अभिभावक खाती हमेशा बच्चा ही रहेला। नीतीश चाचा ठीक त कहतानी तेजस्वी अभी बच्चा बा।

तेजस्वी यादव आगे कहले कि नीतीश चाचा लोकतांत्रिक मर्यादा के ताक प राख के इ भूला गईल बाड़े कि तेजस्वी बिहार में नेता प्रतिपक्ष हवे। जवन हम बोलेनी उ जनादेश के दिन-दहाड़ें डकैती करेवाला खूंखार डकैत के खिलाफ आम जनता के आवाज ह।

तेजस्वी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना साधत आगे कहले कि नीतीश जी आप बड़ (आदरणीय) बानी ए चलते हम पलट के रउआ के बूढ़ त ना कहब लेकिन चाचा रउआ ओर से जनादेश के ठगी कईला के बाद अगिला दिन विधानसभा में ए बच्चा के सोझा राउर मुँह लटकल रहे। अवुरी ए बच्चा के एकहु सवाल के जवाब रउआ अभी तक ना दिहनी।

एकरा बाद उ ट्वीट में लिखले कि नीतीश जी में दम बा त घोषणा करस कि उ बिहार के करोड़ों छात्र अवुरी युवा के वोट ना लिहे। काहेकि उ युवा के बात के नईखन सुनत। अब युवा जान गईल बाड़े कि रउआ शिक्षा व्यवस्था के सत्यानाश क के करोड़ों बिहारी युवा के भविष्य चौपट क देले बानी।

दरअसल, सोमवार के पटना में आयोजित लोक संवाद के बैठक के बाद पत्रकारन से बातचीत में तेजस्वी यादव के ओर से मिलत चुनौती के सवाल प तेजस्वी के बच्चा बतावत नीतीश कुमार कहले कि तेजस्वी अभी बच्चा बाड़े एहसे हम उनुका बात प ध्यान ना देवेनी। उ कहले कि जदी लालू जी कवनो मुद्दा प बहस कईल चाहतारे त हम एकरा खाती तैयार बानी।

नीतीश के ए बयान प पलटवार करत राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव पलटवार कईले अवुरी कहले कि "तेजस्वी बच्चा नईखन, उ चच्चा हवे।" अगिला विधानसभा चुनाव में राजद के हार के दावा प लालू कहले कि, चुनाव होखे दिही नीतीश के पता चल जाई।

  • Share on: