लालू भले हाथी-घोड़ा के संगे जेल जास, लेकिन परलोक त पैदले जाए के पड़ी: संजय सिंह

लालू भले हाथी-घोड़ा के संगे जेल जास, लेकिन परलोक त पैदले जाए के पड़ी: संजय सिंह

जदयू के मुख्य प्रवक्ता आ विधान पार्षद संजय सिंह कहले कि लालू प्रसाद यादव के कबहू नईखे लागल कि उ ए बेहिसाब संपत्ति का करीहे। जवना संपत्ति खाती हाय-हाय करतारे ओकर ए जन्म में कवन लाभ बा।

संजय कहले कि लालू यादव के बुढ़ापा जेल में कटे वाला बा अवुरी जब ए लोक से दोसरा परलोक में जईहे त उहां ए संपति के कवनों मोल नईखे। भले हाथी-घोड़ा के संगे जेल चल जास लेकिन उहां त पैदल ही जाए के बा।

जदयू प्रवक्ता कहले कि नीतीश कुमार देश के बड़ नेता हवे अवुरी उनुकर सोहरत समूचा देश में फैलल बा। हरेक तरह के नेता उनुका से मिलेले अवुरी उनुका के अपना क्षेत्र में बोलावेले। एकर मतलब इ ना भईल कि नीतीश कुमार उनुका इहां चल जईहे।

उ कहले कि हार्दिक पटेल बिहार आईल रहले त उ नीतीश कुमार से मिलल रहले अवुरी उ कवनों राजनीतिक मुलाकात ना रहे। एगो औपचारिक मुलाकात रहे। अयीसना में जदी केहु नेवता देता त उहां आदमी चल जाला।

संजय कहले कि नीतीश कुमार के छवी एतना साफ रहल बा हर केहु नेवता देता। उ कहले कि तेजस्वी यादव अभी अपना बारी के इंतजार करस। एक-एक क सभे से पूछताछ होखता। अवुरी एक-एक क के चार्टशीट भी होई। ओकरा बाद जेलयात्रा। सीबीआई, ईडी, आईटी केहु के छोड़े वाला नईखे।

  • Share on: