नीतीश कुमार शिक्षा व्यवस्था के सत्यानाश क समाज सुधारक बनल चाहतारे: तेजस्वी

TBNN

नीतीश कुमार शिक्षा व्यवस्था के सत्यानाश क समाज सुधारक बनल चाहतारे: तेजस्वी

राष्ट्रीय जनता दल (राजद)नेता अवुरी बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प ताना मारत कहले कि उनुकर चमकता चेहरा धुंध में देखाई ना दिही। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प मानव श्रृंखला के नाम प बच्चा के परेशान करे के आरोप लगावत तेजस्वी कहले कि आपन महिमा मंडन खाती नीतीश कुमार मानव श्रृंखला के नाम प बच्चा के परेशान करतारे।

तेजस्वी यादव आपन एगो ट्विटर में शुक्रवार के कहले कि, आपन महिमामंडन खाती नीतीश कुमार मानव श्रृंखला के नाम प बच्चा के परेशान करतारे। उ कहले कि तमाम मानवीय पहलु के दरकिनार क सरकारी कर्मचारी अवुरी स्कूली बच्चा के एतना ठंड में परेशान कईल जाता।

उ कहले कि एक ओर ठंड के चलते प्रशासन के ओर से स्कूल के 15 जनवरी तक छुट्टी क दिहल गईल बा लेकिन मानव श्रृंखला के तैयारी के नाम प बच्चा के सबेरे-सबेरे कड़ाके के ठंड में कतार में खड़ा कईल जाता।

नीतीश कुमार प चुटकी लेत तेजस्वी यादव कहले कि बिहार में शिक्षाबंद क दिहल गईल बा। उ कहले कि शिक्षाबंदी क चुकल नीतीश सरकार सभे तरह के बंदी प काम करे शुरू क देलस। उ कहले कि नीतीश कुमार के समझे के चाही कि सभे तरह के सामाजिक सुधार शिक्षा प आधारित होखेला अवुरी नीतीश कुमार शिक्षा व्यवस्था के सत्यानाश क समाज सुधारक बनल चाहतारे।

नेता प्रतिपक्ष कहले कि, नीतीश जी, शिक्षक अवुरी छात्र के मानव शृंखला में भाग लिहल ऐच्छिक होखे के चाही ना कि जरूरी। उ कहले कि शिक्षक अवुरी छात्र प कवनो तरह के दबाव ना होखे के चाही।

तेजस्वी कहले कि बिहार के जनता जानतिया कि चेहरा चमकावे खाती रउआ इ सब करतानी, लेकिन ए भारी कुहासा में आपके चेहरा देखाई ना दिही। ए चलते तानी धुंध कम होखे दिही ताकि आपके चेहरा देखाई देवे सके अवुरी स्कूली छात्र के परेशानी मत होखे।

याद रहे कि नीतीश सरकार 21 जनवरी के दहेज अवुरी बाल विवाह के विरोध में मानव श्रृंखला आयोजित करे के फैसला कईले बिया। अबकी बेर मानव श्रृंखला दहेज बंदी अवुरी बाल विवाह के विरोध में सामाजिक जागरुकता अभियान के तहत आयोजित कईल बा। एकरा से पहिले नीतीश कुमार पछिला साल शराबबंदी के समर्थन में मानव श्रृंखला आयोजित करवले रहले।

  • Share on: