सुप्रीम कोर्ट के 4 जज के बयान प चर्चा खाती लोकसभा के सत्र बोलावे के मांग, इस्तीफा के धमकी

सुप्रीम कोर्ट के 4 जज के बयान प चर्चा खाती लोकसभा के सत्र बोलावे के मांग, इस्तीफा के धमकी

सुप्रीम कोर्ट के चार जज के ओर से लोकतन्त्र प जतावल चिंता प चर्चा खाती लोकसभा के विशेष सत्र बोलावे के मांग करत जन अधिकार पार्टी (लो) के संरक्षक अवुरी मधेपुरा के सांसद राजेश रंजन उर्फ पप्‍पू यादव लोकसभा से इस्तीफा के चेतावनी देले।

नई दिल्ली में शुक्रवार के देश के सबसे बड़ अदालत के चार न्यायधीश के साझा प्रेस कॉन्फ्रेंस के बाद पटना में पत्रकारन से बात करत पप्पू यादव कहले कि "सुप्रीम कोर्ट के चार जज आज जवना प्रकार से लोकतन्त्र के लेके चिंता जतवले उ बहुत गंभीर बा। ए विषय प चर्चा जरूरी बा एहसे 48 घंटा के भीतरी लोकसभा के विशेष सत्र बोलावे के चाही।"

पप्पू यादव कहले कि "लोकतांत्रिक मर्यादा के रक्षा कईल लोकसभा के दायित्‍व बा अवुरी ए दिशा हरेक संभव प्रयास होखे के चाही।"

बिहार के मुख्य सचिव के निर्देश प अपना खिलाफ दर्ज भईल मामला के राज्‍य सरकार के साजिश बतावत पप्पू यादव कहले कि राज्य सरकार साजिश क के उनुका के फंसावल चाहतिया।

ए मामला में लोकसभा अध्‍यक्ष के लिखल चिट्ठी के कॉपी के मीडिया खाती जारी करत पप्पू यादव कहले कि लोकसभा के सदस्‍य के रूप में मिलल अधिकार आ कर्तव्‍य के रक्षा के जिम्‍मेवारी सदन प्रमुख यानी लोकसभा के अध्‍यक्ष के बाटे।

उ कहले कि 7 जनवरी के 'आपका सेवक आपके द्वार' कार्यक्रम के आयोजन आइजीआइएमएस प्रशासन के लिखित अनुमति के बाद भईल रहे, एकरा बावजूद उनुका खिलाफ शास्त्री नगर थाना में प्राथमिकी करावल गइल।

पप्पू यादव कहले कि 'का सांसद के जनता के मदद करे के अधिकार नईखे?' उ कहले कि 'हम ए मुद्दा के लोकसभा के अगिला सत्र में उठाइब। जदी सासंद के अधिकार के साफ-साफ व्याख्या ना भईल त हम लोकसभा से इस्‍तीफा भी दे सकेनी।'

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प दलाल, माफिया अवुरी बेईमान लोग से घेराईल रहे के आरोप लगावत पप्पू यादव कहले कि "आज बिहार में आम जनता के आवाज केहु नईखे सुनत। एकरा चलते लोग में गुस्सा बा अवुरी शुक्रवार के बक्सर में जवन मुख्यमंत्री संगे भईल उ एकरे नतीजा रहे।"

पप्पू यादव कहले कि मुख्‍यमंत्री के जनता के भावना के सम्मान करे के चाही अवुरी विकास के मूलभूत जरूरत प ध्यान देवे के चाही। दहेज प्रथा अवुरी बाल विवाह के खिलाफ जागरूकता फइलावे खाती बने वाली 'मानव ऋंखला' के सरकारी संसाधन के दुरुपयोग करार देत पप्पू यादव कहले कि 'जनता के एकर अवुरी अयीसन कवनो अभियान के विरोध करे के चाही'।

  • Share on:
Loading...