उपचुनाव में राजद के जीत तय, कांग्रेस के सीट चाही त आके बात करे: राबड़ी

TBNN

उपचुनाव में राजद के जीत तय, कांग्रेस के सीट चाही त आके बात करे: राबड़ी

बिहार के तीन सीट प होखे वाला उपचुनाव खाती राजद के महत्वपूर्ण बैठक पटना में राबड़ी आवास में शुरू हो गईल बा। राबड़ी देवी के अध्यक्षता में होखत बैठक में पार्टी के वरिष्ठ नेता रामचन्द्र पूर्वे, जगदानंद सिंह, अब्दुल बारी सिद्दीकी, इलियास हुसैन, भोला यादव, समेत बहुते नेता मौजूद बाड़े।

राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव अवुरी नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी के गैरमौजूदगी में बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी बैठक के कमान सम्हरले बाड़ी।

बैठक के अध्यक्षता करत राबड़ी देवी बतवली कि उपचुनाव में राजद के जीत तय बा। उ कहली कि हमनी के अवुरी हमनी के पार्टी के लालू जी के नेतृत्व मिलल बा। बेटा तेजस्वी यादव के न्याय यात्रा के बारे में उ कहली कि ए यात्रा से हमनी के विपक्षी बोखला गईल बाड़े।

राबड़ी आगे कहली कि जदी उप चुनाव में कांग्रेस के सीटे चाही त ओकरा आके बात करे के चाही। बतावल जाता कि पार्टी के बैठक में अररिया के लोकसभा अवुरी जहानाबाद, भभुआ विधानसभा सीट खाती उम्मीदवार के नाम प मोहर लाग सकता।

  • Share on: