राजद-कांग्रेस में भभुआ सीट खाती ठनल- कांग्रेस अब राजद के आपन ताकत देखाई

TBNN

राजद-कांग्रेस में भभुआ सीट खाती ठनल- कांग्रेस अब राजद के आपन ताकत देखाई

बिहार में तीन सीट प होखेवाला उपचुनाव खाती एनडीए में खटपट के बाद अब राजद अवुरी कांग्रेस के बीच खींचतान शुरू हो गईल। एक ओर जहां भभुआ विधानसभा सीट खाती कांग्रेस आपन दावेदारी ठोकतिया, उहे राजद ए सीट प आपन उम्मीदवार खड़ा करे के पूरा तरह से तैयार बा।

कांग्रेस विधायक दल के नेता सदानंद सिंह कहले कि राजद जदी भभुआ सीट प आपन उम्मीदवार खड़ा करता, तबहु कांग्रेस आपन उम्मीदवार जरुर खड़ा करी। सदानंद सिंह दावा कइले कि कांग्रेस अब राजद के आपन ताकत देखाई।

सदानंद सिंह कहले,"दूसर दल कवन फैसला करता। ए बात प महत्व देवे के कवनो जरुरत नईख। कांग्रेस ए हालत में बिया कि भभुआ सीट प राजद के उम्मीदवार के मैदान में होखला के बावजूद उ जीत हासिल करी।"

उ कहले कि एकतरफा कवनों दल फैसला लिही त इ गठबंधन धर्म नईखे। राजद जदी जिद्द प अड़ल रहतिया त हम आलाकमान से कहल चाहतानी कि आप पार्टी के चुनाव निशान दिही। अबकी बेर आपन-आपन ताकत के आजमाइश हो जाए।

ओने, भभुआ विधानसभा सीट के बाद अब कांग्रेस अररिया सीट प भी अपना दावा ठोक देलस। कांग्रेस के पूर्व प्रदेश अध्यक्ष अशोक चौधरी कहले कि कांग्रेस सिर्फ भभुआ ना बालुक अररिया लोकसभा सीट प आपन उम्मीदवार उतारी।

उ कहले कि बिहार में कांग्रेस के जनाधार बा। कांग्रेस के सीट जरुर मिले के चाही। हम कहतानी कि अररिया लोकसभा सीट भी कांग्रेस के मिले के चाही। राष्ट्रीय स्तर भाजपा के खिलाफ बड़ मुहिम के कांग्रेस ताकत देतिया। कांग्रेस के अररिया सीट जीतला प एकर पूरा देश में नीमन संदेश जाई।

भाजपा विधायक आनंद भूषण पांडेय के निधन से खाली भईल भभुआ विधानसभा सीट प आपन-आपन उम्मीदवार उतारे खाती राजद, कांग्रेस अवुरी बसपा में जिद्द प अड़ गईल। सभे दल के आपन तर्क बा, जवना से राजग के खिलाफ राष्ट्रीय स्तर प एकजुटता के सपना प सवाल खड़ा होखता।

अयीसना में लोकसभा-2019 से पहिले राष्ट्रीय स्तर प एकता के दावा करेवाला भाजपा विरोधी दल के एकता के परीक्षा भभुआ सीट तय करी। राजद के राष्ट्रीय महासचिव भोला यादव भभुआ प कांग्रेस के दावा के खारिज करत कहतारे कि सामाजिक समीकरण अवुरी पकड़ के हिसाब से राजद के इहां मजबूत आधार बा। भोला यादव के कहनाम बा कि कांग्रेस से बातचीत क मतभेद के दूर क लिहल जाई।

भोला के दावा से अलग हट के कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष कौकब कादरी के भभुआ प दावेदारी अटल देखाई देता। कौकब कादरी के कहनाम बा कि जदी राजद भुभआ सीट देवे खाती नईखे मानत त कांग्रेस तीनों सीट प आपन उम्मीदवार खड़ा करी।

जहानाबाद के दावेदारी खाती राजग के दल में भले घमासान बा, लेकिन राजद आपन उम्मीदवार तय क लेले बिया। लालू यादव मुंद्रिका यादव के छोट बेटा सुदय यादव के नाम प सहमति दे देले बाड़े। अब सिर्फ औपचारिकता घोषणा भर बाकी बा।

मुंद्रिका के बड़ आ छोट बेटा के दावेदारी में मामला फंसल रहे। पार्टी सहमति बनावे के जिम्मेवारी परिवार के सौंप देले रहे। मुंद्रिका के पत्नी छोट बेटा सुदय यादव खाती आपन मंजूरी दे देली।

  • Share on: