नीतीश कुमार पांच साल तक राजनीति में रहीहे, हम 50 साल तक राजनीति करब

TBNN

नीतीश कुमार पांच साल तक राजनीति में रहीहे, हम 50 साल तक राजनीति करब

संविधान बचाओं न्याय यात्रा के दौरान मंगलवार के अररिया पहुंचल बिहार के पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव कहले कि सत्ता हासिल करे खाती नीतीश कुमार राजद के सहारा लेले लेकिन जब काम निकल गईल त हमरा परिवार प साजिश के तहत मुकदमा करवा दिहल गईल।

तेजस्वी कहले कि नीतीश कुमार जादे से जादे पांच साल तक राजनीति में रहीहे लेकिन हम त 50 साल तक राजनीति करब। उ नौजवान के गोलबंद होखे के आह्वान कइले अवुरी सरफराज आलम के अररिया से टिकट देवे जाए के बारे में पार्टी बोर्ड में चर्चा करे के बात कहले।

उ कहले कि राजद अररिया सीट प जीत हासिल क अपना विरोधी के जवाब देवे के काम करी। तेजस्‍वी कहले कि आज तस्‍लीमुद्दीन साहब हमनी के बीच नईखी, लेकिन उनुकर बेटा हमनी के संगे आ गईल बाड़े। भाजपा के हरावे खाती मजबूत बाड़े।

तेजस्‍वी कहले कि हमनी के संविधान बचावे के बा। आरक्षण के बचावे के बा। आज मोदी सरकार में रोजगार नईखे मिलत। जवन रोजगार रहे, उहो छीनल जाता। आरएसएस के कानून के लागू करे के कोशिश होखता। देश बचावे के नारा देवे वाला देश के जरावे के काम करतारे।

उ कहले कि लालू यादव के बेटा साम्प्रदायिक शक्ति से कबहु हाथ ना मिलाई अवुरी हमार साथ देवे खाती सभके गोलबंद होखला के जरूरत बा। उ कहले कि डबल इंजन के सरकार में भ्रष्टाचार अवुरी अपराध में बढ़ोतरी होखता।

लालू यादव के शेर बतावत तेजस्वी कहले कि उ डेराए वाला नईखन बालुक लालू के डर से कुछ लोग उनुका के जेल में बंद क देले बाड़े।

सभा के संबोधित करत नेता प्रतिपक्ष कहले कि देश बचावे के सीख लालू जी हमरा के पहीलही दे देले बाड़े। आरएसएस अवुरी भाजपा देश में नफरत फैलावे के साजिश रचतिया। नीतीश चाचा भाजपा के संगे मिल के लालू जी के पीठ में छूरा भोंक देले।

तेजस्वी कहले कि नीतीश कुमार कहले रहले माटी में मिल जाईब लेकिन भाजपा से हाथ ना मिलाई। उ भाजपा में त चल गईले, अब माटी में मिले के बारी बा।

  • Share on: