तेजस्वी के बिआह के चिंता कईला के लोग के जरूरत नईखे, लोग देख के चौंक जईहे

TBNN

तेजस्वी के बिआह के चिंता कईला के लोग के जरूरत नईखे, लोग देख के चौंक जईहे

राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के पत्नी अवुरी बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी कहली कि तेजस्वी के बिआह खाती बहुत रिश्ता आ चुकल बा। तेजस्वी के बिआह से लोग चौंक जईहे। उ कहली कि नंदकिशोर यादव हमार बेटा तेजस्वी के बिआह के चिंता मत करस। नंदकिशोर यादव के बयान से अपमान भईल बा। एकरा से बिहार के लईकिन के भी अपमान भईल बा।

दरअसल सोमवार के बिहार के पथ निर्माण मंत्री नंदकिशोर यादव नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के 40,000 से अधिका बिआह के प्रस्ताव मिले के बात के झूठ बतवले। उ कहले कि राजद के लोग तेजस्वी यादव के छवि बनावे खाती ए झूठ खबर के सहारा लेले बाड़े।

नंदकिशोर यादव कहले कि राजद समर्थक कहतारे कि विभाग के वाट्सएप अवुरी टोल फ्री नंबर प तेजस्वी यादव के 40,000 बिआह के प्रस्ताव मिलल बा। जांच भईल त पता चलल कि खबर झूठ ह। तेजस्वी के अयीसन एकहू प्रस्ताव नईखे मिलल।

मालूम रहे कि महागठबंधन के दौरान तेजस्वी यादव पथ निर्माण विभाग के मंत्री रहले। ए बीच अधिकारी बतवले रहले कि विभाग के ओर से दायर भईल नंबर प 47,000 संदेश आईल बा जवना में से 44,000 तेजस्वी के बिआह के अवुरी 3,000 सड़क के खराब हालत से जुडल के संदेश रहे।

  • Share on:
Loading...