बिहार विधान परिषद चुनाव: नीतीश-मोदी समेत एनडीए के 6 नेता पर्चा भरले

बिहार विधान परिषद चुनाव: नीतीश-मोदी समेत एनडीए के 6 नेता पर्चा भरले

बिहार विधान परिषद चुनाव खाती सोमवार के एनडीए के उम्मीदवार नामांकन भरले। सोमवार के सबेरे करीब साढ़े 11 बजे एनडीए के सभे 6 उम्मीदवार विधानसभा के सचिव कार्यालय पहुंचले। जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जदयू के खालिद अनवर अवुरी रामेश्वर महतो नामांकन पत्र भरले।

भाजपा से उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडेय अवुरी संजय पासवान नामांकन पत्र भरले।

एकरा से पहिले रविवार के भाजपा उम्मीदवार के घोषणा क देले रहे। भाजपा कोटा से उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, स्वास्थ्य मंत्री मंगल पांडेय के अलावे पूर्व केन्द्रीय मंत्री संजय पासवान विधान परिषद उम्मीदवार बनावल गईले। विधान परिषद चुनाव खाती भाजपा के उम्मीदवार के घोषणा केंद्रीय चुनाव समिति कईलस।

जदयू अपना कोटा के तीन सीट खाती मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, रामेश्वर महतो, खालिद अनवर के उम्मीदवार बनवलस। कांग्रेस आपन एकमात्र सीट खाती प्रेमचंद मिश्रा के उम्मीदवार बनवले बिया। उ आज पर्चा दाखिल क देले।

राजद के तीन आ हिंदुस्तानी आवाम मोर्चा के एक प्रत्याशी पहिलही पर्चा भर देले बाड़े। एकरा में राजद से राबड़ी देवी, रामचंद्र पूर्वे आ सैयद खुर्शीद मोहसीन शामिल बाड़े। पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के बेट आ 'हम' के प्रत्‍याशी संतोष मांझी के राजद समर्थन देवे खाती तैयार बिया।

  • Share on:
Loading...