चाचा जी, तनिका बताई त भाजपा आज बिहार में कईसे अवुरी काहें खाती सरकार में बिया: तेजस्वी

TBNN

चाचा जी, तनिका बताई त भाजपा आज बिहार में कईसे अवुरी काहें खाती सरकार में बिया: तेजस्वी

कर्नाटक विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के बड़ पार्टी बने प बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भाजपा के बधाई देले। नीतीश ट्वीट में कहले कि भारतीय जनता पार्टी के कर्नाटक में सबसे अधिका सीट प जीत हासिल करे खाती हार्दिक बधाई।

त उहें, कर्नाटक चुनाव नतीजा प बिहार प्रतिपक्ष के नेता तेजस्वी यादव ट्वीट के माध्यम से ताना मारत कहले कि का बिहार में भाजपा के बहुमत मिलल रहे? का बिहारी भाजपा के एकदम खराब तरीका से ना हरवले रहले? :

तेजस्वी कहले कि नीतीश जी के मदद से बिहार में बहुमत के चीरहरण अवुरी लोकतंत्र के जनाजा निकाल के चोर दरवाजा से सरकार में बईठ के मलाई चाटत भाजपाई कर्नाटक के मामला में उच्चकोटि के प्रवचन केकरा के बांटतारे?

तेजस्वी यादव एगो अगिला ट्वीट में कहले कि आदरणीय चाचा जी, तनिका बताई, बिहार में सबसे अधिका सीट वाली पार्टी के का नाम ह? भाजपा के बिहार चुनाव में के हरवले रहे?

उ कहले कि भाजपा आज बिहार में कईसे अवुरी काहें खाती सरकार में बिया? बिहार के न्यायप्रिय जनता जवना पार्टी के नं-2 अवुरी नं-3 प धकेल देलस उ सरकार में बा अवुरी नं-1 विपक्ष में, काहें?

मालूम रहे कि कर्नाटक विधानसभा चुनाव के नतीजा में भाजपा सबसे बड़ पार्टी बन के आगे आईल बिया। कांग्रेस दूसर नंबर प अवुरी जेडीएस तीसरा नंबर प आईल बिया। भाजपा के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बीएस येदियुरप्पा कर्नाटक के राज्यपाल वाजूभाई वाला से मुलाकात क सरकार बनावे के दावा कईले।

उहें, कांग्रेस तीसरकी बड़ पार्टी जेडीएस के समर्थन देवे के घोषणा क देलस। ओकरा बाद जेडीएस नेता एचडी कुमारस्वामी राज्यपाल से मुलाकात करे पहुंचले। कुमारस्वामी कहले कि कांग्रेस के ओर से जेडीएस के दिहल पत्र के आधार प हमनी के कर्नाटक में सरकार बनावे खाती आपन दावा क देले बानी।

  • Share on: