ईवीएम में घालमेल क के भारतीय जनता पार्टी देश में शासन कईल चाहतिया

TBNN

ईवीएम में घालमेल क के भारतीय जनता पार्टी देश में शासन कईल चाहतिया

कर्नाटक चुनाव नतीजा प राजद के बिहार प्रदेश अध्यक्ष डॉ. रामचंद्र पूर्वे आपन प्रतिक्रिया देत कहले कि ईवीएम में घालमेल के माध्यम से भारतीय जनता पार्टी देश में शासन कईल चाहतिया। उ कहले कि कर्नाटक चुनाव नतीजा के बिहार में कवनो असर नईखे पड़े वाला।

उहें केंद्रीय स्वास्थ्य राज्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे कहले कि कर्नाटक चुनाव नतीजा बहुते सुखद रहल अवुरी जल्दिए कर्नाटक में भाजपा सरकार बनावे में सफल होई।

अश्विनी चौबे कहले कि अगिला चुनाव में कांग्रेस मुक्त भारत आ भ्रष्टाचार मुक्त भारत के सपना साकार होई। उ कहले कि साल 2019 में भाजपा दु तिहाई बहुमत से सरकार बनाई।

मालूम रहे कि कर्नाटक चुनाव नतीजा में कवनों दल के पूर्ण बहुमत नईखे मिलल। भारतीय जनता पार्टी के सबसे बड़ पार्टी बने के चलते पार्टी के मुख्यमंत्री पद के उम्मीदवार बीएस येदियुरप्पा कर्नाटक के राज्यपाल वालुभाई वाला से मुलाकात कईले आ राज्य में सरकार बनावे के दावा कईले। येदियुरप्पा कहले कि भाजपा के बहुमत साबित करे के मौका मिले के चाही काहेंकि इ सबसे बड़ पार्टी बिया।

  • Share on: