कांग्रेस-मुक्त भारत अभियान में एगो अवुरी सफलता के संगे वंशवादी पार्टी सिर्फ तीन राज्य में सिमट गईल

TBNN

कांग्रेस-मुक्त भारत अभियान में एगो अवुरी सफलता के संगे वंशवादी पार्टी सिर्फ तीन राज्य में सिमट गईल

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी कहले कि कांग्रेस-मुक्त भारत अभियान में एगो अवुरी सफलता के संगे वंशवादी पार्टी सिर्फ तीन राज्य में सिमट गईल। ए चलते राहुल गांधी 2019-20 तक अपना परदादा निहन एगो किताब लिखिहे, जेकर शीर्षक होई- कांग्रेस एक खोज।

सुशील मोदी कहाले कि कर्नाटक के जनता कांग्रेस के भ्रष्ट शासन अवुरी वोट खाती समाज के बांटे के राजनीति के पूरा तरह से नकार देलस अवुरी भाजपा के सबसे बड़ दल के नाते नया सरकार के नेतृत्व करे के मौका देलस।

उ कहले कि दक्षिणी राज्य में पार्टी के इ सफलता प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओ नीति के समर्थन ह, जवना से मात्र 4 चार साल के दौरान देश के किसान, युवा, गरीब अवुरी महिला के जीवन में तेजी से बदलाव आईल। लेकिन जनता के भरोसा खोए वाला लोग सत्ता खाती पछिला दरवाजा प जोर लगावतारे।

उपमुख्यमंत्री कहले कि बिहार-उत्तर प्रदेश के उपचुनाव तक चुनाव आयोग के वोटिंग मशीन ठीक रहे जवना प 14 मई तक कवनो आपत्ति दर्ज ना करावल गईल रहे, लेकिन 15 मई के दुपहर से शक जतावे शुरू हो गईल।

मोदी कहले कि चुनाव होखे चाहे मुकदमा, हारला प संवैधानिक संस्था के कोसल विपक्ष के आदत बन गईल बा। कर्नाटक में हार के बाद का मुख्य चुनाव आयुक्त के खिलाफ महाभियोग ले आवल जाई?

  • Share on: