जब मोदी के बहीन के खाता में सृजन के करोड़ों रुपया ट्रान्सफर भईल, तब नीतीश कहाँ रहले: तेजस्वी

TBNN

बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव।

बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव।

सृजन घोटाला में सीबीआई के ओर से आठ अवुरी लोग के खिलाफ मामला दर्ज करे के खबर प मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के घेरत तेजस्वी यादव जोरदार हमला कईले।

तेजस्वी एगो ट्वीट में पुछले, "बिहार के बड़का अधिकारी, सहकारिता मंत्री, सुशील मोदी अवुरी मुख्यमंत्री घोटाला के समय कहां रहले? जब सृजन के खाता से सुशील मोदी के बहीन रेखा मोदी के खाता में करोड़ों रुपया ट्रांसफर भईल। हम एकर सबूत विधानसभा में दे चुकल बानी। सीबीआई बड़े-बड़े मछरी के काहें नईखे धरत?"

मालूम रहे कि बिहार के सबसे बड़का घोटाला कहाए वाला 'सृजन महाघोटाला' के जांच करत सीबीआई ए मामला में 8 अवुरी लोग के खिलाफ मामला दर्ज कईलस। सीबीआई के ओर से सृजन संस्था आ बैंक से जुडल 8 अधिकारी प आपराधिक साजिश रचे अवुरी धोखाधड़ी के आरोप लगावत केस दर्ज कईल बा।

सीबीआई ए मामला में पहिलही 19 लोग के खिलाफ मामला दर्ज क चुकल बिया।

ओने नालंदा में एगो लईकी संगे सरेआम शारीरिक छेड़खानी के विडियो वायरल होखला के बाद तेजस्वी कहले कि शर्म के बात बा कि बिहार में अयीसन होखता। भाजपा के 'राम-राज' के नारा प जोरदार कटाक्ष करत तेजस्वी कहले, "भाजपा के संगे नीतीश जी के अगुवाई में इहे 'राम-राज' बा।"

तेजस्वी कहले, "पछिला कुछ दिन में अयीसन चौथा घटना बा, जवना में लईकी संगे सरेआम छेड़खानी भईल बा।" उ कहले कि जहानाबाद, गया, कैमूर के बाद अब मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के गृह जिला नालंदा में लईकी संगे सरेआम छेड़खानी भईल।

  • Share on:
Loading...