जनता के हक मार के लालू परिवार जवन कमईलस, ओकर बड़ हिस्सा जनता लगे पहुँच गईल: जदयू

TBNN

जदयू प्रवक्ता संजय सिंह।

जदयू प्रवक्ता संजय सिंह।

बिहार बोर्ड के इंटर परीक्षा के रिज़ल्ट में भयानक गड़बड़ी के चलते विपक्ष अवुरी छात्र संगठनन के आरोप से घेराईल नीतीश सरकार आ जदयू विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के शिक्षा प सवाल खड़ा कईलस अवुरी प्रवर्तन निदेशालय के ओर से जब्त भईल लालू परिवार के मॉल के मुद्दा बनावे के प्रयास कईलस।

बिहार बोर्ड अवुरी सृजन घोटाला में तेजस्वी के हमला के जवाब देत जदयू प्रवक्ता संजय सिंह एगो दोहा ट्वीट कईले अवुरी कहले कि "काश! तेजस्वी एतना पढ़ल-लिखल रहते कि ए दोहा के मतलब समझ सकते!"

दोहा रहे -
साँच बराबर तप नहीं, झूठ बराबर पाप
जाके हिरदै साँच है, ताके हिरदै आप

ए दोहा के ट्वीट कईला के बाद संजय सिंह कहले, "तेजस्वी जी, काश... आपके शिक्षा ए जोग होईत कि आप ए दोहा के मतलब समझ पईती। काश! आप आ आपके परिवार झूठ के खेती ना करीत। लेकिन आपके परिवार त हर समय झूठ आ फ़रेब के सहारा लेके राजनीति कईले बा। जनता के मूर्ख समझ के आपन उल्लू सीधा कईले बा।"

पटना के दानापुर में लालू परिवार के बनत मॉल के प्रवर्तन निदेशालय के ओर से जब्त कईला प संजय कहले कि तेजस्वी के भ्रष्टाचार के कहानी के अध्याय खतम हो गईल। प्रवर्तन निदेशालय भ्रष्टाचार से कमाईल उनुका परिवार के एगो बड़ संपत्ति के जब्त क लेलस।

संजय कहले, "आपके (तेजस्वी यादव) परिवार जवन जनता के हक़ मार के आपन बना लेले रहे, आज उ दोबारा जनता लगे पहुँच गईल।"

  • Share on:
Loading...