सामूहिक बलात्कार, हत्या, अपहरण, डकैती सब कुछ होखला के बादो बिहार में जंगलराज नईखे

सामूहिक बलात्कार, हत्या, अपहरण, डकैती सब कुछ होखला के बादो बिहार में जंगलराज नईखे

राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के बेटा आ नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव बिहार के नीतीश सरकार प जोरदार हमला बोलले। तेजस्वी कहले कि सामूहिक बलात्कार, हत्या, अपहरण, डकैती सब कुछ होखला के बादो बिहार में जंगलराज नईखे।

नवादा में राजद के जिला महसचिव कैलश पासवान के अपहरण के बाद उनुकर हत्या क दिहल गईल। ए मामला में एगो पोस्ट करत तेजस्वी यादव अपना ट्विट में कहले कि, "आपके अतना हिम्मत नईखे कि आप एकरा के जंगलराज कहीं, काहेकि भाजपा के समर्थन से नीतीश कुमार बिहार में राज करतारे। सामूहिक बलात्कार, अपहरण, हत्या, लूट, डकैती सब कुछ होखता लेकिन इ जंगलराज नईखे।"

राजद नेता आगे कहले कि 18 साल के पक्का साथी गिरीराज सिंह अवुरी नीतीश कुमार भीतर से मिल के ऊपर से बनावटी विरोध प्रकट करतारे। आरएसएस प्रमुख मोहन भागवत के बाद अब दुनों (गिरीराज सिंह अवुरी नीतीश कुमार) के संगे सालो से हासिल बहुते जादे ज्ञान साझा करे आ प्रशिक्षण देवे खाती अमित शाह बिहार आवतारे।

तेजस्वी एगो अगिला ट्विट में कहले कि हमरा खुशी बा हमार पिता के कर्मभूमि छपरा में जवना डबल डेकर फ़्लाईओवर के सपना हम पथ निर्माण मंत्री रहते देखले रही आ केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी से मिल के उनुका विशेष सहयोग आ सीआरएफ़ के मदद से देश के पहिला डबल डेकर पुल के रूपरेखा तैयार कईले रही आज ओकर शिलान्यास होखे जाता।

  • Share on:
Loading...