ट्विटर बउआ सपना पूरा करे खाती लालू यादव के भ्रष्टाचार वाली राह प चल देलस: नीरज कुमार

ट्विटर बउआ सपना पूरा करे खाती लालू यादव के भ्रष्टाचार वाली राह प चल देलस: नीरज कुमार

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के एगो ट्वीट के कोट करत जदयू के प्रवक्ता नीरज कुमार पलटवार कईले। नीरज कुमार के इ प्रतिक्रिया तेजस्वी के हैंडल से भईल एगो ट्वीट के जवाब में आईल।

नीरज अपना ट्विट में कहले, "ट्विटर बउआ, तेजस्वी यादव सपना त सभे देखेला, लेकिन मेहनती आ संकल्प के संगे आगे बढ़ेवाला लोग के सपना पूरा होखेला। तू त सपना पूरा करे खाती अपना पिता लालू प्रसाद यादव के भ्रष्टाचार के राह प चल देले। जनप्रतिनिधि के सपना ना, लोग के अपेक्षा प खरा उतरल जरूरी बा।"

छपरा में डबल डेकर फ़्लाइओवर बनावे के घोषणा प खुशी जतावत तेजस्वी एगो ट्वीट में लिखले, "हमरा खुशी बा हमार पिता के कर्मभूमि छपरा में जवना डबल डेकर फ़्लाईओवर के सपना हम पथ निर्माण मंत्री रहते देखले रहनी आ केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी से मिल के विशेष सहयोग आ सीआरएफ़ के मदद से देश के पहिला डबल डेकर पुल के रूपरेखा तैयार कईले रहनी आज ओकर शिलान्यास होखे जाता।"

गिरिराज सिंह के दंगा भड़कावे के आरोपी लोग संगे मुलाक़ात अवुरी ए मुलाक़ात प नीतीश कुमार के बयान प तेजस्वी एगो दोसर ट्वीट में कहले, "18 साल के प्रिय साथी गिरिराज सिंह अवुरी नीतीश कुमार भीतर से मिलके, ऊपर से बनावटी विरोध करतारे।"

तेजस्वी कहले कि राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ प्रमुख मोहन भागवत के बाद अमित शाह अब अपना ज्ञान के गिरीराज सिंह अवुरी नीतीश कुमार के संगे साझा करे आ प्रशिक्षण देवे खाती बिहार आवतारे। जवना के असर कुछ दिन बाद देखाई दिही।

ओने जदयू प्रवक्ता संजय सिंह तेजस्वी के ए ट्वीट प तुरंत पलटवार कईले अवुरी कहले कि लालू परिवार प सैकड़ों मामला चलता। लालू यादव सजा काटतारे। तेजस्वी प तलवार लटकल बिया। मीसा भारती ईडी अवुरी सीबीआई के नजर में बाड़ी। इ त 'सौ चूहा खाके बिलाई चलल हज करे' वाला बात भईल।

संजय सिंह कहले कि नीतीश कुमार कबहू भ्रष्टाचार अवुरी सांप्रदायिकता के संगे समझौता नईखन क सकत, चाहे सत्ता रहे, चाहे जाए।

ऐने गिरिराज सिंह के मामला में कांग्रेस पार्टी तेजस्वी के बयान के समर्थन कईलस। पार्टी के कार्यकारी प्रदेश अध्यक्ष कौकब कादरी कहले कि राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के बिहार में स्थापित करे खाती जदयू हर संभव मदद कईलस। उ कहले कि नीतीश कुमार खुद संघ के गोदी में बईठल बाड़े।

अमित शाह के बिहार दौरा प टिप्पणी करत कादरी कहले कि अमित शाह बिहार में भाजपा के हाथ से खसकल जमीन के बचावे खाती आवतारे।

  • Share on:
Loading...