नीतीश अवुरी अमित शाह के बातचीत के असली पेंच त 'बड़ भाई' के दर्जा के बा: शिवानंद

नीतीश अवुरी अमित शाह के बातचीत के असली पेंच त 'बड़ भाई' के दर्जा के बा: शिवानंद

भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह गुरुवार के बिहार दौरा प आवतारे। ए बीच विपक्ष के नजर अमित शाह अवुरी नीतीश कुमार के मुलाकात प लागल बा। ए मुलाकात प कटाक्ष करत राजद कहलस कि पहिला मुलाकात सभके संगे होई, जहां भाजपा के नेता भी होंईहे। लेकिन असली मुलाकात त रात के खाना के दौरान होई।

राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी कहले कि अमित शाह मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मिलीहे। अनिश्चितता के माहौल खतम भईल। दुनों के अब एक ना, दु-दु मुलाकात होई।

नीतीश कुमार प कटाक्ष करत शिवानंद कहले कि, पहिला मुलाकात सभके संगे होई, जहां भाजपा के नेता मौजूद रहीहे, लेकिन असली मुलाकात त रात के खाना के दौरान होई।

शिवानंद आगे कहले कि एनडीए के मुख्यमंत्री के रूप में नीतीश कुमार के अमित शाह से इ पहिला मुलाकात होई। 2015 के विधानसभा चुनाव में नीतीश कुमार महागठबंधन के ओर से मुख्यमंत्री के चेहरा रहले।

विधानसभा चुनाव के दौरान दिहल अमित शाह के बयान के हवाला देत राजद नेता कहले कि ओ चुनाव के दौरान अमित शाह बिहार के लोग के चेतावत कहले रहले कि जदी नीतीश मुख्यमंत्री बनिहे त पाकिस्तान में दिवाली मनावल जाई। ए चलते पहिला मुलाकात में पुरनका बात के जवन याद बा ओकरा चलते तनिका झिझक त होखबे करी।

भाजपा अवुरी जदयू प निशाना साधत शिवानंद तिवारी कहले कि दुनों के बातचीत के असली पेंच त 'बड़ भाई' के दर्जा के बा। बिहार में केकर चेहरा बड़ होई, नीतीश कुमार के होई की नरेंद्र मोदी के? शिवानंद सवाल कईले कि बड़ भाई के होई, केकर चेहरा बड़ होई, इ तय करे के कसौटी का होई?

लोकसभा चुनाव में जवन दल अधिका सीट प चुनाव लड़ी बिहार के जनता ओकरे के एनडीए में बड़ भाई के दर्जा दिही। का भाजपा नीतीश कुमार के अपना से अधिका सीट दिही? शायद इ संभव नईखे। तब इहाँ इ देखल दिलचस्प होई कि नीतीश कुमार कवन रूख अपनावतारे।

  • Share on:
Loading...