नीतीश के फेरी लगावला के बावजूद लालू महागठबंधन खाती तैयार ना रहले: शरद

नीतीश के फेरी लगावला के बावजूद लालू महागठबंधन खाती तैयार ना रहले: शरद

चुनाव आयोग में चलत जदयू के 'तीर' निशान के लड़ाई में नीतीश कुमार के जीत प राज्यसभा सदस्य शरद यादव कहले कि 'इ एक प्रकार के संघर्ष ह'। शरद दावा कईले कि आज बेशक नीतीश कुमार जीतत देखाई देत होखस, लेकिन ए लड़ाई के अंत में उहें जीतिहे।

मंगलवार के शरद कहले, "इ एक प्रकार के संघर्ष अवुरी लड़ाई ह। हमनी ए लड़ाई के लड़े खाती तैयारी बानी। हम आज कुछूओ नईखी क़हत सिर्फ सुनतानी। सभके सुनतानी। हम बुधवार के प्रेस कांफ्रेंस क ए मुद्दा के उठाईब अवुरी भविष्ये की योजना सभके सोझा राखब।"

बुधवार के आयोजित एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में शरद यादव मीडिया के संबोधित कईले अवुरी कहले कि, "चुनाव चिन्ह प हमनी के दावा के चुनाव आयोग खारीज नईखे कईले।"

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प जदयू के संविधान के उल्लंघन करे के आरोप लगावत शरद यादव कहले कि "जदयू के संविधान के हिसाब से हम 100 प्रतिशत सही बनी।" उ कहले कि हम पूरा तरीका से जदयू के नियम के संगे बानी।

राज्यसभा सचिवालय के भेजल नोटिस प शरद यादव कहले कि "राज्यसभा से मिलल नोटिस के हमनी के वकील जवाब दिहे।"

नीतीश कुमार प हमला बोलत शरद यादव कहले कि, "नीतीश कुमार हमरा के सुचिता के पाठ मत पढ़ावस। हम शुरू से भ्रष्टाचार के खिलाफ रहल बानी अवुरी अजूओ बानी। हम 2 बेर लोकसभा के सदस्यता से इस्तीफा दे चुकल बानी। हमरा के केहु नईखे झुका सकत।"

बिहार में महागठबंधन टूटला के चलते नीतीश कुमार के राह से आपन राह अलग करेवाला शरद यादव ए मुद्दा प कहले कि, "नीतीश के बार-बार गईला के बावजूद लालू (राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव) कवनो कीमत प गठबंधन चाहे नीतीश के रहते महागठबंधन खाती तैयार ना रहले। हम महागठबंधन खाती लालू के मनवनी, लेकिन एकरा के तूरे से पहिले हमरा के जानकारी तक ना दिहल गईल।"

शरद यादव कहले कि "महागठबंधन बने के समय लालू कहले रहले कि उनुका प केस चलता एहसे उ चुनाव नईखन लड़ सकत, तबहूँ हमनी के बात कईनी अवुरी फेर उ महागठबंधन खाती तैयार हो गईले अवुरी एकमत हो के बिहार में नीतीश कुमार खाती वोट मांगल गईल।"

उ कहले कि "चुनाव जीतला के बाद लालू में खोट निकाले के बात शुरू भईल अवुरी एकदिन जनमत के परवाह छोड़ के महागठबंधन तूर दिहल गईल।"

एकरा से पहिले मंगलवार के चुनाव आयोग सबूत के अभाव के हवाला देत जदयू के चुनाव चिन्ह प शरद यादव गुट के दावा के कथित तौर प खारिज क देले रहे।

हालांकि मंगलवार के शरद गुट के वरिष्ठ नेता अरुण श्रीवास्तव चुनाव आयोग के अयीसन कवनो फैसला के जानकारी होखे से इनकार करत कहले आयोग से हमनी के पुछले बानी कि पार्टी के चुनाव चिन्ह हमनी के अपना दावा के समर्थन में कवन-कवन दस्तावेज पेश करे के होई।

  • Share on:

TBNN

SOCIAL MEDIA

JOIN US ON FACEBOOK

@thebhojpuri

FOLLOW US ON TWITTER

@thebhojpuri

CONNECT US ON GOOGLE+

@thebhojpuri

STAY TUNE ON YOUTUBE

@thebhojpurivideo