जेकरा के नरेंद्र मोदी 'पप्पू' क़हत रहले, मज़ाक उड़ावत रहले, उहे 'पप्पू' इनिकर नींद उड़ा देलस: शिवानंद

जेकरा के नरेंद्र मोदी 'पप्पू' क़हत रहले, मज़ाक उड़ावत रहले, उहे 'पप्पू' इनिकर नींद उड़ा देलस: शिवानंद

गुरदासपुर अवुरी चित्रकूट के उपचुनाव में कांग्रेस के जीत के बाद गुजरात के विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के पलड़ा भारी होखे के दावा करत राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष अवुरी बिहार के वरिष्ठ नेता शिवानंद तिवारी कहले कि गुजरात में भाजपा के आत्मविश्वास डोल गईल बा।

तिवारी एगो फ़ेसबूक पोस्ट के माध्यम से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संबोधित करत कहले कि, "नरेंद्र भाई जवना राहुल गांधी के 'पप्पू' क़हत मज़ाक उड़ावत रहले, आज उहे 'पप्पू' उनुकर नींद उड़ा देले बा। सब प भारी हमनी के अमित शाह जी वोट खाती अपना विधानसभा क्षेत्र में दुआरी-दुआरी घुमतारे आ पसेना बहावतारे।"

उ कहले कि अब भाजपा के आत्मविश्वास डोल गईल बा। अपना दावा के समर्थन में शिवानंद तिवारी आगे कहले कि "जवन रामविलास पासवान उत्तर प्रदेश चुनाव में पूछाईल तक ना रहले, उहे अब गुजरात चुनाव में भाजपा के स्टार प्रचारक के सूची में बाड़े।" तिवारी लिखले कि, योगी आदित्यनाथ गुजरात में चारो ओर हाथ जोड़ के सड़क प घूमत रहले, लेकिन गुजराती इनिका प ध्यान तक ना देले।

शिवानंद तिवारी लिखले कि, "अब देश के जनता सच्चाई जाने लागल बिया। लोग जान गईल बाड़े कि भाजपा सरकार 'बात बहादुर' लोग के सरकार बिया।" उ लिखले कि जनता के भावना के शोषण क के इ लोग चुनाव जीतेले, लेकिन जनता ए लोग के सच्चाई जान गईल बिया एहसे अब ए लोग के दाल ना गलि।

अपना पोस्ट में देश के राजनीतिक हालत के ओर इशारा करत राजद नेता कहले कि हालत खाली एके जगह गड़बड़ नईखे। पंजाब के गुरूदासपुर में शर्मनाक हार के बाद चित्रकुट उपचुनाव के नतीजा सबके सोझा बा।

उ लिखले कि "हालांकि चित्रकूट में कांग्रेस विधायक के निधन के बाद उपचुनाव होखत रहे, लेकिन मुख्यमंत्री शिवराज सिंह कांग्रेस से ए सीट के छीने खाती पछिला 6 महीना से उहाँ जोर लगावत रहले। चुनाव के घोषणा के बाद उहाँ लगातार तीन दिन तक प्रचार कईले। एक रात त एगो आदिवासी परिवार के घरे बीतवले। तबहूँ चुनाव हार गईले। पछिला बेर के मुक़ाबले अधिका वोट से चुनाव हार गईले।"

  • Share on: