खेद जतवला से काम ना चली, नरेश अग्रवाल 15 दिन उपवास करत प्रायश्चित करस: स्वामी

TBNN

खेद जतवला से काम ना चली, नरेश अग्रवाल 15 दिन उपवास करत प्रायश्चित करस: स्वामी

समाजवादी पार्टी से भारतीय जनता पार्टी में शामिल होखते विवाद में आईल नरेश अग्रवाल भलही अपना बयान प खेद जता चुकल होखस लेकिन उनुका टिप्पणी के आलोचना अभियो जारी बा। भाजपा नेता अवुरी पार्टी के राज्यसभा सांसद सुब्रह्मण्यम स्वामी कहले कि नरेश अग्रवाल के अपना टिप्पणी प प्रायश्चित करे के चाही।

सुब्रह्मण्यम स्वामी कहले कि, नरेश अग्रवाल के सिर्फ खेद जतावे के ना चाही बालुक 15 दिन तक प्रायश्चित करे के चाही। स्वामी प्रायश्चित करे खाती नरेश अग्रवाल के उपवास करे के नसीहत देवे के संगही भाजपा में शामिल करे प टिप्पणी कईले।

स्वामी कहले कि, हमरा मालूम ना रहे काहेकि हम पार्टी के काम से बहरी गईल रही। लेकिन उनुका(नरेश) के जब पार्टी में शामिल कईल बा त इ देखे के होई पार्टी के कवन रणनीति बा। लेकिन उनुका (नरेश अग्रवाल) जया बच्चन प अयीसन टिप्पणी ना कईल चाहत रहे।

उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मंगलवार के सबेरे ट्वीट में कहले कि, जया बच्चन जी प कईल अभद्र टिप्पणी खाती हम भाजपा के नरेश अग्रवाल के बयान के कड़ा निंदा करतानी। इ फिल्म जगत के संगे-संगे भारत के हरेक महिला के अपमान बा। भाजपा जदी साच में नारी के सम्मान करतिया त तुरंत उनुका ख़िलाफ कदम उठावे अवुरी महिला आयोग के भी कार्रवाई करे के चाही।

दरअसल, भाजपा में शामिल होखला के बाद पत्रकारन से बातचीत में नरेश अग्रवाल कहले रहले कि, फिल्म में काम करेवाली से हमार तुलना क दिहल गईल। हालांकि उनुका बयान से उहां बईठल भाजपा नेता असहज हो गईले अवुरी उ तुरंत ए बयान से खुद के अलग क लेले। बाद में विदेश मंत्री सुषमा स्वराज अवुरी केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी, नरेश अग्रवाल के बयान के गलत ठहरवली।

हालांकि, बयान प विवाद होखला के बाद नरेश अग्रवाल मंगलवार के सफाई देत कहले कि, "हमरा बयान से केहू के दुख पहुंचल बा त हमरा ओकर खेद बा। हम कवनों विवाद में पडल नईखी चाहत अवुरी खेद जतावतनी। हमरा बयान के मीडिया में अलग तरीका से देखावल गईल बा। हमरा केहू के दुख पहुंचावे के कवनो इरादा ना रहे। हम आपन शब्द वापस लेतानी।"

  • Share on:
Loading...