नरेश अग्रवाल के भाजपा में जाए से समाजवादी पार्टी के फायदा होई: मुलायम सिंह

TBNN

नरेश अग्रवाल के भाजपा में जाए से समाजवादी पार्टी के फायदा होई: मुलायम सिंह

राजनीति में एक बात त तय बा कि इहां ना केहू दोस्त होखे ना दुश्मन। समाजवादी पार्टी से राज्यसभा सांसद नरेश अग्रवाल साल 2019 लोकसभा चुनाव से पहीले भाजपा में शामिल होके इ बात साबित क देले। अब ए मुद्दा प सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव बयान देके एगो नया चर्चा छेड़ देले।

समाजवादी पार्टी के संरक्षक मुलायम सिंह यादव कहले कि नरेश अग्रवाल के जाए से समाजवादी पार्टी के कवनों नुकसान ना होई। उनुका भाजपा में जाए से समाजवादी पार्टी के सिर्फ फायदा होई। मुलायम सिंह के बयान के बाद समाजवादी पार्टी छोड़ के भाजपा में जाए वाला नेता प सपा के प्रवक्ता सुनील सिंह साजन कहले कि नरेश अग्रवाल पार्टी बदले में सबसे माहिर नेता हवे।

उ कहले कि देवी देवता के गरियावे वाला नरेश अग्रवाल भाजपा के मुबारक, सेना प सवाल उठावे वाला नरेश अग्रवाल भाजपा के मुबारक, प्रधानमंत्री मोदी प टिप्पणी करेवाला नरेश अग्रवाल भाजपा के मुबारक होखस।

याद रहे कि समाजवादी पार्टी के पूर्व नेता नरेश अग्रवाल सोमवार के भाजपा में शामिल हो गईले। नरेश अग्रवाल के संगे उनुकर बेटा अवुरी सपा विधायक नितिन अग्रवाल भी भाजपा में शामिल हो गईले।

  • Share on:
Loading...