सत्यम भोजपुर जिला के परचम IIT में फहरा देले

नई दिल्ली – बिहार के सत्यम कुमार मात्र 13 साल के उमर में आईआईटी ज्वाइंट एंट्रेस एग्जाम (IIT-JEE) पास क इतिहास रच देले। पिछला साल 12वा के परीक्षा पास करेवाला वाला सत्यम 679वा रैंक हासिल कईले बाड़े।

सत्यम बिहार के भोजपुर जिला में बखोरापुर गांव के निवासी सिद्धार्थ सिंह के पुत्र हवे। सत्यम के बाबूजी, सिद्धार्थ सिंह गाँव के एगो साधारण किसान हवे।

शुक्रवार के आईल आईआईटी प्रवेश परीक्षा के नतीजा से पहिले सबसे कम उमर में आईआईटी प्रवेश परीक्षा पास करे के रिकॉर्ड दिल्ली के शहल कौशिक के नावे रहे। शहल इ परीक्षा 14 साल के उमर में पास कईले रहन।

अईसन नईखे की सत्यम इ परीक्षा पहिला बेर पास कईले बाड़े, एहसे पहिले पिछला साल मात्र साढ़े बारह साल के उमर में भी उ एह परीक्षा के पास कईले रहन। लेकिन पिछला साल उनकर रैंक 8137 रहे। सत्यम अबकी बेर ओहि रैंक के सुधारे खाती परीक्षा देले रहले हा।

एहसे पहिले पिछला साल, सत्यम के परीक्षा में बईठे खाती सीबीएसई से विशेष अनुमति लेवे के परल रहे। मार्क जुकरबर्ग के फेसबुक निहन सोशल नेटवर्किंग साइट बनावे के चाहत राखेवाला सत्यम आईआईटी प्रवेश परीक्षा के इतिहास में, परीक्षा पास करे वाला अभी तक के सबसे कम उमर के आदमी बाड़े।

बिहार के ही तथागत अवतार तुलसी सत्यम से पहिले अवरू कम उमर में एहसे भी बड़ कारनामा क चुकल बाड़े। तथागत 12 साल के उमर में पटना यूनिवर्सिटी से एमएससी पास क लेले रहन।

तुलसी 2009 में इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ साइंस, बंगलूरू से पीएचडी हासिल कईले अवरू उहें 23 साल के उमर में एसोसिएट प्रोफेसर बने वाला सबसे कम उमर के आदमी बनले।

  • Share on:
Loading...