दुनिया के एगो अयीसन देश जहां इंसान, त इंसान, गदहो के छुट्टी मिलेला

दुनिया के एगो अयीसन देश जहां इंसान, त इंसान, गदहो के छुट्टी मिलेला

हमनी के दुनिया में बहुत प्रकार के जीव-जन्तु अवुरी प्राणी बाड़े, बहुत देश बा अवुरी हाजरों प्रकार के कानून बा। लेकिन कुछ चीज़ अयीसन बा, जेकरा बारे में बहुत कम लोग जानेले।

1. गदहो के छुट्टी मिलेला

Donkey

केन्या के रिफ्ट घाटी में गदहा के भी काम से छुट्टी मिलेला। सबसे खास बात बा कि इ छुट्टी ओकनी के मालिक बाकी कर्मचारी निहन पहिलही से तय का देवेले।

2. नासा के सूंघे वाला आदमी

George Aldrich

अमेरिका के अंतरिक्ष एजेंसी नासा अपना इहाँ एगो "चीफ स्निफ़र" (सूंघ के जांच करेवाला) के रखले बिया। ए पद प काम करेवाला आदमी कवनो सामान अवुरी पुर्जा के अंतरिक्ष में इस्तेमाल होखे से पहिले सूंघ के ओकर जांच करेले।

3. पेशाब ठीक से कईल बहुत जरूरी

Toilet

चीन के शेंजेन शहर में अयीसन जुर्माना लगावे के प्रावधान बा जवन कि सार्वजनिक शौचालय में ठीक से पेशाब ना करेले।

4. ट्वीट के रिकॉर्ड

Twitter

जापानी टीवी प जब एगो पुरान एनिमेशन फ़िल्म (कार्टून फिल्म) देखावल जात रहे, त ठीक ओहि समय सबसे ज्यादा ट्वीट होखे के नाया रिकॉर्ड बनल।

5. चिरई आपके गाड़ी के स्पीड जानेले

Sparrow

चिरई-चुरुंग सड़क प लागल निशान के भलही ना पढे पावस, लेकिन ओकनी के इ अंदाज़ा रहेला कि सड़क प गाड़ी के स्पीड कतना बा।

6. अजूओ कुछ लोग 150 -200 साल पीछा जीअतारे

USA

ईमेल के जमाना में अमेरीका के सुप्रीम कोर्ट के न्यायाधीश अजूओ हाथी दांत से बनल कलम के इस्तेमाल करेले।

7.दोस्त के विछोह बहुत बरियार होखेला

Wolf

भेड़िया आपन सबसे क़रीबी दोस्त से दूर हो गईला के बाद, सबसे ढेर हल्ला करेला।

  • Share on:
Loading...