गोधन के गीत | सामा खेले गईल गोधन भईया के टोल

गोधन के गीत | सामा खेले गईल गोधन भईया के टोल

सामा खेले गईल गोधन भईया के टोल
समवा हेरईले ये भईया मुठवा ले गईले चोर

चोरवा के नाम ये बहिना दिहतू बतलाई
खींची बान्ह बन्हिती बहिना रेशम के हो डोर

राती के चोरवा ये भईया बहनोईया हउवे तोहार
अरेय फुल्के बान्ह बनिह ये भईया करेजवा बिहसे हो मोर

  • Share on:
Loading...