गोधन के गीत | भईया राहे बाटे पोखरा खोना दी

गोधन के गीत | भईया राहे बाटे पोखरा खोना दी

भईया बखानी ले कृष्णा भईया
भईया राहे बाटे पोखरा खोना दी
बेली फुलवा लगा दी
चमेली फुलवा लगा दी

से फुलवा लोढ़ेली पृदिशा बहिना हे
बहिना गुथेली गजमोती हार
बेली फुलवा गमके
चमेली फुलवा गमके

से हरवा पहिरेली सुनैना भउजी हे
भाभी सजी-धजी करेली श्रिंगार
बेली फुलवा गमके
चमेली फुलवा गमके

  • Share on:
Loading...