माइक्रोसॉफ़्ट आपके कम्प्युटर बदे मुफ़्त में विंडोज उपलब्ध कराई!

नई दिल्ली - अपना ग्राहक के संख्या के बढ़ावे के कोशिश में, माइक्रोसॉफ़्ट अपना विंडोज 8.1 ऑपरेटिंग सिस्टम के एगो मुफ़्त भा बहुत सस्ता रूप तैयार करे में लागल बा। तकनीकी दुनिया से आवेवाली खबर के अनुसार चर्चा बा कि, माइक्रोसॉफ़्ट ए ऑपरेटिंग सिस्टम के मुफ़्त में भी उपलब्ध करा सकता। विंडोज के ए रूप के नाम “विंडोज 8.1 विथ बिंग” होई अवरू एकरा में माइक्रोसॉफ़्ट के अवरू सॉफ्टवेर अवरू सेवा शामिल होई।

खबर बा कि अभी माइक्रोसॉफ़्ट एकरा के प्रयोग के तौर प देखता, एकर कवनो गैरंटी नईखे कि माइक्रोसॉफ़्ट अयीसन कवनो उत्पाद बाज़ार में उतरबे करी। मतलब कि कंपनी अभी अयीसन सोचतीया, एकरा पीछे ओकर कवन रणनीति बा एकर जानकारी अभी नईखे।

अभी तक, माइक्रोसॉफ़्ट के ओर से एकरा बारे में पुष्टि नईखे भईल, लेकिन अगर कंपनी सचमुच अयीसन करतिया त इ बहुत साहसी अवरू प्रभावशाली कदम होई। मामला के करीब से जानेवाला लोग के अनुसार, माइक्रोसॉफ़्ट ऑपरेटिंग सिस्टम के मुफ़्त में दे सकता अगर उ बिंग प्लैटफ़ार्म से पईसा कमाए के कवनो योजना काम करत होई, ना त इ संभव नईखे।

ओने माइक्रोसॉफ़्ट से जुड़ल सूत्र के मुताबीक कंपनी मुफ़्त ना त कम से कम एगो बहुत सस्ता ऑपरेटिंग सिस्टम बनावे के बारे में जरूर सोचतीया। कंपनी के ए सोच के पीछे बाज़ार में मुफ़्त मिलेवाला ऑपरेटिंग सिस्टम से बढ़त प्रतियोगिता बाटे। आज माइक्रोसॉफ़्ट के विंडोज के मुक़ाबले ओपेन सोर्स लिनक्स आपना उपयोगकर्ता के संख्या में तेज़ी से विस्तार करता, माइक्रोसॉफ़्ट हो सकता कि लिनक्स से लोहा लेवे के तैयारी के तहत इ काम करत होखे।

मानल जाता कि माइक्रोसॉफ़्ट के इ ऑपरेटिंग सिस्टम मूल विंडोज 8.1 के छोट रूप होई, अवरू एकरा में माइक्रोसॉफ़्ट के पूरा ध्यान अपना स्टोर से बिकेवाला सॉफ्टवेर में मिलेवाला कमीशन प होई। कहल जाता कि कंपनी नाया ऑपरेटिंग सिस्टम ले अईला के अलावे बहुत सस्ता में भा मुफ़्त में विंडोज 7 से अपग्रेड करे के ऑफर भी दिही।

कुछ तकनीकी लेखक लोग के मत बा कि, कंपनी एकरा संगे उ मुश्किल के पार कर जायी जहां कम्प्युटर निर्माता विंडोज आधारित ऑपरेटिंग के संगे 15,000 रुपया से नीचे कम्प्युटर बेचे पईहे। अभी ए कीमत में सिर्फ उ लिनक्स भा गूगल क्रोम ओएस वाला कम्प्युटर ही उपलब्ध बाटे।

मानल जाता कि माइक्रोसॉफ़्ट एकरा बारे में अवरू जानकारी अप्रैल में होखेवाला डेवलपर सम्मेलन के मौका प दिही। अभी फिलहाल अतना मानल जाता कि माइक्रोसॉफ़्ट एगो मुफ़्त भा बहुत सस्ता में बिके लायक ऑपरेटिंग सिस्टम प काम करता, अवरू जल्दीए कंपनी के ओर से एकर आधिकारिक घोषणा होई।

  • Share on:
Loading...