धवरा बछारुआ के मूत छिटिकी परी गईले, गर्भ रही गईले हो - सोहर
- संयुक्त मिश्रा |
रघुबर के बहिना रानी रुकमिनी
चार ही भईया के बहीना, बहिनी पनिहारिन हो
धवरा बछारुआ के मूत छिटिकी परी गईले
गर्भ रही गईले हो
भईया जे बईठे जेवनरवाँ भउजी अगिया लावेली हो
प्रभु राउर बहिनी ग़रभ जनावेली
थुकी-य-थूकी घर भरे हो
भईया बहीना बोलावेलें बगल बईठावेले हो
बहिना कवने बलकावा लोभईलू
त ग़रभ जनावेलू हो
चार ही भईया के बहीना बहिनि पनिहारिनी
भईया धवरा बछारुआ के मूत छिटिकी परी गईले
गर्भ रही गईले हो
First Update: 12 April, 2014 09:25 PM