अब ''नमो एंटीवायरस'' से मुफ्त में अपना कंप्यूटर के वायरस अटैक से बचाई

नई दिल्ली – देश के एगो सॉफ्टवेयर कंपनी के ओर से एगो नाया कम्प्युटर एंटीवायरस के विकास कईल गइल, एकर नाम बा ‘नमो एंटीवायरस।

कंपनी के मुताबीक इ एंटीवायरस मुफ्त में हमनी के कम्प्युटर के वायरस अवुरी तमाम हानिकारक चीज़ से बचाई। हालांकि, वर्तमान उपलबद्ध संस्करण से सिर्फ मूलभूत सुरक्षा मिली, लेकिन कंपनी के दावा बा कि, जल्दीए एकर विकसित संस्करण के भी लॉंच कईल जाई।

कंपनी के कहनाम बा कि कम्प्युटर के वायरस से बचावे खातिर एकरा के लगातार अपडेट करे के भी इंतजाम बाटे। कंपनी के कहनाम बा कि, देश में मात्र 13% लोग ही लाइसेंस वाला एंटीवायरस इस्तेमाल करेले, जबकि 30% लोग नकली भा ट्राइल एंटीवायरस इस्तेमाल करेले। ए लोग के अलावे 57% लोग कवनो सुरक्षा के इस्तेमाल ना करेले।

सॉफ्टवेयर के निर्माता इंनोवाज़िओं, के सीईओ अभिषेक गगनेजा के मुताबीक कंपनी ‘नमो एंटीवायरस से ए 57% लोग के ही ट्रागेट करी अवुरी ओ लोग के कम्प्युटर के मुफ्त में वायरस से सुरक्षा प्रदान करी।

सॉफ्टवेयर के नाम प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के उपनाम प राखे के पीछे गगनेजा कहले कि, हमनी के कवनो राजनीतिक पार्टी से लगाव नईखे, हमनी के त बस नवकी सरकार के बधाई दिहल चाहत रहनि जा, संगे-संगे इ बतावल भी चाहतबानी जा कि, देश के उनुका से बहुत अपेक्षा बाटे ।

सॉफ्टवेर के मुफ्त में उपलब्ध करावे के पीछे कारण बटावत गगनेजा कहले कि, हमनी के कंपनी अवुरी काम भी करेले जेकरा से हमनी के ठीक-ठाक मुनाफा होखेला। पछिला साल हमनी के 100% के विकास दर के संगे 100 करोड़ रुपया से ऊपर के व्यापार कईनी जा। एहसे हमनी के ‘नमो एंटीवायरस के मुफ्त में देवे के कवनो परेशानी नईखे अवुरी हमनी के आगे भी एकरा के मुफ्त में ही उपलब्ध करावे के।

  • Share on:
Loading...