एचपी के ओर से पवेलियन सीरीज में नोटबूक अवुरी कन्वर्टेब्ल पीसी के नाया रेंज पेश भईल

मुंबई - मुंबई में शुरू ‘एपीजे मीडिया सम्मिट 2014’ में मशहूर कम्प्युटर निर्माता एचपी के ओर कुछ नाया उत्पाद देखावल गईल।

एचपी के ओर से पेश उत्पाद में नोटबूक अवुरी ‘कन्वर्टेब्ल पीसी’ प्रमुख रहल। इ सभ उत्पाद समान्य ग्राहक के ध्यान में राखत बनावल गईल बा। संगही, कॉम्पटिशन में बनल रहे खातिर एकनी के दाम भी कम राखल बाटे।

सबसे पहिले नोटबूक के चर्चा क लिहल जाए। एचपी ‘पवेलियन 14 अवुरी 15’ में क्रमशः 14 अवुरी 15 इंच के डिस्प्ले बा। ए सिरीज़ के नोटबूक बहुत तरह के रंग (जईसे नैचुरल सिल्वर, स्नो व्हाइट, एक्वा ब्लू वाइब्रेंट रेड) अवुरी बहुत तरह के हार्डवेयर फ़ीचर के संगे उपलब्ध बाटे। ए सिरीज़ के नोटबूक के शुरुवाती कीमत 39,990 बाटे।

एकरा बाद अवता ‘पवेलियन X360’, जवन कि एगो ‘कन्वर्टेब्ल पीसी’ हटे। ए पीसी में लागल डिस्प्ले के 360 डिग्री के कोण तक घूमावल जा सकेला। पीसी में 11.6 इंच के एलईडी डिस्प्ले बा, जबकि शक्ति क्वाड़ कोर बे-ट्रेल प्रॉसेसर से मिलेला। पीसी में 4GB रैम अवुरी 500 GB के हार्ड डिस्क लागल बा। विंडोज 8 प्री लोडेड ए पीसी के दाम 39,990 रुपया बाटे।

ए सभ के अलावे एचपी ‘एनवी 15’ नाम से एगो नोटबूक भी जारी कईलस। ए नोटबूक के खास तौर प विंडोज 8.1 खातिर ऑप्टिमाइज़ कईल बा अवुरी एकरा में फूल टचस्क्रीन एचडी डिस्प्ले बाटे। भारत में एनवी 15 के दाम 62,990 रुपया रखल गईल बा।

अंत में एचपी के ओर से एगो ‘पवेलियन 23’ नाम से एगो ऑल-इन-वन डेस्कटॉप भी पेश कईल गईल। कंपनी एकर दाम 67,990 रुपया बतवलस।

  • Share on:
Loading...