नींबू के 10 चमत्कारी इस्तेमाल, घर से लेके देह तक साफ

जब प्रकृति नींबू देलस, त आप एकर इस्तेमाल भी खूब करेनी। लेकिन नींबू के इस्तेमाल के बाद जवन छिलका अवुरी गुदा बाचेला ओकर का करेनि?

नींबू, नींबू पानी के अलावे हमनी के घर में बहुत तरह के काम आवेला अवुरी आ सकता। एहसे छिलका अवुरी बिया फेंके से पहिले ओकर इस्तेमाल करी। एहिजा हमनी के अयीसने कुछ इस्तेमाल के चर्चा करेके।

चिकनाई साफ करी
खाना बनला के बाद हमनी गैस के ऊपर बहुत तरह के तेल मसाला जामा हो जाला। एकरा के साफ करे में कुछ लोग के पूरा दिन बीत सकता, लेकिन अवुरी कवनो उपाय करे से पहिले नींबू के एक बेर आज़माई।

नींबू के आधा टुकड़ा लीही अवुरी ओकरा रस में नमक मिलाके चिकनाई वाला जगह प गिरा के मल दिही। एकरा बाद सुखल कपड़ा से ओ जगह के पोछ दिही, अब कवनो चिकनाई ना बाची।

चाय-कॉफी के बर्तन चमकाई
चाय कॉफी बनेवाला बर्तन अक्सर करिया हो जाला, या ओकरा में दाग पर जाला। अयीसन कवनो बर्तन के दाग नींबू के मदद से आसानी के मिटावल जा सकता।

बर्तन के पानी से भर के नींबू के आधा टुकड़ा डाल दिही अवुरी पानी के उबले तक गरम करी। जब पानी उबल जाए त ओकरा के ठंढा होखे दिही अवुरी ओकरा बाद निमन से बर्तन के खंघाल लिहि।

कॉफी के कप खातिर ओकरा में नींबू, नमक अवुरी बर्फ मिलाके कुछ देर छोड़ दिही अवुरी ओकरा बाद निमान से मल-मल के खंघाल लिहि।

कूड़ादान के गंध भगाई
नींबू के इस्तेमाल के आपके रसोई में राखल कूड़ादान के गंध दूर हो सकता अवुरी रसोई में ताज़ा-फ्रेश खुसबु फैल सकता। एकरा खातिर कवनो खास मेहनत अवुरी कोशिश नईखे करेके, बस नींबू के गार (निचोड़) देला के बाद जवन बाचल ओकरा के तुरंत ए कूड़ादान में फेंक देवे के बाटे।

तांबा-पीतल के चमक
आधा नींबू के रस में नमल मिला के तांबा, पीतल, स्टील अवुरी क्रोम के समान के चमकावल जा सकता। आधा नींबू के रस में नमक मिलाई अवुरी ओकरा के ए कूल्ही धातु के समान प निमन से मल दिही। दस मिनट तक सुखे दिही अवुरी ओकरा बाद निमन से गरम पानी से धो दिही।

किड़ा-फतिंगा के भगाई
बहुत तरह के कीड़ा नींबू के पसंद ना करेले। एहसे जाहाँ-जाहाँ से कीड़ा घुसत होखे ओ सभ छेद प, दुवारी प, खिड़की प नींबू काट के ध दिही अवुरी चैन के सांस लिहि।

घर के खुशनुमा बनाई
घर में बरसात अवुरी सर्दी के दिन में घुटन निहन होखे लागेला। एगो बर्तन में पानी भर के ओकरा में नींबू के एक टुकड़ा के रस मिलाई अवुरी एकदम धीमा आंच प गरम करी। एकरा से जवन खुशबू आई उ आपके कमरा के दुर्गंध अवुरी घुटन के खतम क दिही।

उमर के चिन्हा कम करीं
पुरखा पुरनिया लोग से मिलल ए उपाय से चेहरा के झुर्री कम होई अवुरी आप तरो-ताज़ा देखाई देवे लागब। चेहरा के जवन-जवन हिस्सा प झुर्री परल होखे, ओ-ओ हिस्सा प नींबू के कतरन रख के एक घंटा छोड़ दीदी अवुरी ओकरा बाद ठंढा पानी से धो लिहि। आपके चेहरा में खिंचाव आई अवुरी आप कुछ हद तक जवन देखाई देवे लागब।

चमड़ा के सूखापन कम करी
देखले होखब कि जाड़ा के समय में शरीर के चमड़ा में खुश्की आ जाला, चमड़ा सुख जाला। जाहां-जाहां खुश्की के शिकायत होखे उहाँ-उहाँ नींबू के रस मिलाई अवुरी छिलका से रगड़ी। दस मिनट तक सूखे दिही अवुरी ओकरा बाद निमन से मल-मल के धो लीही।

चेहरा के दाग भी कम हो सकता
अगर आपके चेहरा पहिले के अपेक्षा जाड़ा झाँवर (डार्क) लागत होखे त एगो नींबू के टुकड़ा लिहि अवुरी बहुत आराम से मालिश करी। मालिश के बाद कुछ देर रुकी अवुरी निमन से मल-मल के ठंढा पानी से धो लीही।

शुगर स्क्रब बनाई
आधा कप चीनी में महीन-महीन काटल नींबू के टुकड़ा मिलाई, संगे जैतून के तेल मिलाके पेस्ट बना लिहि। शरीर के गीला करी अवुरी ए पेस्ट के पूरा शरीर प मिलाई, लेकिन धीरे अवुरी नरमी से। एकरा से आपके शरीर के फोड़ा-फुंसी अवुरी कील मुंहासा साफ हो जाई अवुरी आप छल-छल चिकन देह पाईब।

  • Share on:
Loading...