पूनम पांडेय के फेसबुक अकाउंट के फेसबुक बंद क देलस!

नई दिल्ली - सोश्ल मीडिया के रानी, पूनम पांडेय के प्रशंसक लोगन खातिर बाउर खबर। फ़ेसबूक पूनम पांडेय के अकाउंट बंद क देलस।

फ़ेसबूक के माध्यम से पूनम पांडेय के तस्वीर अवुरी अपडेट प कमेंट अवुरी लाइक करेवाला हजारो लोग आज निराश हो गईले। ओ लोग के विश्वास ना भईल कि सचमुच पूनम पांडेय के अकाउंट बंद हो गईल, लेकिन सच्चाई त सच्चाई ह।

पूनम पांडेय खुद ट्वीट क कहली - “बहुत दुखी बानी कि हमार आधिकारिक फ़ेसबूक पेज बंद हो गईल। ए पेज से करीब 20 लाख लोग जुडल रहन..... अगर केहु ए अकाउंट के दोबारा पावे के तरीका जानत होखे त बतावे।”

कुछ लोग ए खबर प टिप्पणी करत कहले - ‘लागता कि पूनम पांडेय के “पाप” से दुखी होके फ़ेसबूक इनिकर अकाउंट बन क देले बा’। जबकि, कुछ लोग अयीसन विचार भी रखले बाड़े कि, ‘असल में पूनम पांडेय खुद अपना अकाउंट के डी-एक्टिवेट क देले बाड़ी अवुरी ट्विटर प एकरा से चर्चा में आईल चहतारी’।

हालांकि, फ़ेसबूक के नियम के मुताबीक सिर्फ झूठा नाम, कम उमर अवुरी फ़ेसबूक के नियम के ना मानेवाला लोग के अकाउंट बन कईल जाला। अभी तक के जानकारी के मुताबीक पूनम पांडेय के अकाउंट से अयीसन कवनो नियम के उलंघन नईखे भईल।

ए सभ के बावजूद, अगर उनुका अकाउंट के सचमुच बंद कईल बाटे, त सोचे के लायक विषय बा। हालांकि, फेसबूक के ओर से ए मामला में कवनो बयान नईखे आईल, एहसे पूनम पांडे के जानकार लोग के कहनाम बा कि हो सकता कि इहो पूनम के पब्लिसिटी स्टंट होखे।

अब सच्चाई का बा एकर पाता त अगिला कुछ समय में चल जाई, लेकिन उनुकर फ़ेसबूक अकाउंट बंद होखे से उनुकर प्रशंसक बहुत उदास बाड़े।

  • Share on:
Loading...