कंप्यूटर टिप्स: पीसी प व्हाट्स-एप्प के मज़ा

व्हाट्स-एप्प बहुत चर्चित मोबाइल चैटिंग एप्लीकेशन हटे। पूरा दुनिया में व्हाट्स-एप्प के करोडो लोग उपयोग करतारे।

ए मैसेजिंग सर्विस के उपयोग करे वाला लोग साधारण मैसेज के बजाय व्हाट्स-एप्प प मैसेज भेजल ज्यादा आसान अवुरी निमन समझतारे। एकरा माध्यम से फोटो, टेक्स्ट, अवुरी वीडियो भी भेजल जा सकता।

ऊपर से सबसे निमन बात इ कि, एकरा के इस्तेमाल करे खातिर फिलहाल कवनो पईसा ना देवे के परे। खाली इंटरनेट कनेक्शन चाही अवुरी आप व्हाट्स-एप्प के उपयोग क सकतानी।

हालांकि, अभी तक एकरा के सिर्फ मोबाइल प ही इस्तेमाल कईल जात रहे अवुरी इ सिर्फ मोबाइल खातिर ही उपलब्ध भी बाटे। मोबाइल प व्हाट्स-एप्प से चैटिंग कईल आसान त बा, लेकिन मोबाइल के छोट स्क्रीन में टाइप कईल तनीका मुश्किल काम होखेला, अवुरी ढेर लोग आसानी से ना करे पावस।

अब कुछ अईसन ट्रिक भी सोझा आवे लागल बा, जवना के मदद से व्हाट्स-एप्प के कंप्यूटर आ लैपटॉप प भी इस्तेमाल कईल जा सकता। वईसे, आप व्हाट्स-एप्प के ब्लैकबेरी, विंडो अवरू एंड्रॉयड फोन में सीधा-सीधा डाउनलोड क सकतानी अवुरी ओकरा खातिर कवनो ट्रिक के जरूरत नईखे।

अगर आप मोबाइल के बजाय कंप्यूटर आ लैपटॉप प व्हाट्स-एप्प के इस्तेमाल करे के सोचतानी, त सबसे पहीले आपके अपना कंप्यूटर में 'ब्लू स्टेकस एप्प प्लेयर' डाउनलोड करे के पड़ी। एकरा के आप 'ब्लू स्टेकस' के वेबसाइट (http://www.bluestacks.com) से डाउनलोड कर सकतानी। एकरा में आप व्हाट्स-एप्प के अलावे एंड्रॉयड के अवुरी बहुत एप्लीकेशन अवरू गेम भी खेल सकतानी।

प्लेयर के डाउनलोड कईला के बाद ओकर .exe फाइल के अपना पीसी में रन करा दी। फाइल रन भईला के बाद 'ब्लूस्टेकस होम पेज' ओपन हो जाई अवरू मोबाइल निहन पीसी प भी व्हाट्स-एप्प चले लागी।

  • Share on:
Loading...